बियाह के पहीले वायरल भइल रकुल प्रीत-जैकी भगनानी के वेडिंग कार्ड, थीम खींचलसऽ ध्यान

Share

रकुल प्रीत सिंह आ जैकी भगनानी जल्दे गोवा में बियाह के बंधन में बंधे वाला बा लो। कपल अबे ले कवनो खुलासा नइखे कइले, बाकी कपल बियाह के तैयारि जोर सोर से चलत बा। खैर, एही बीच उनकर बियाह के कार्ड भी सोशल मीडिया पs वायरल हो गइलऽ बा। बियाह से पहीले ही रकुल प्रीत-जैकी के वेडिंग कार्ड चर्चा के विषय बन गइल बा । पॉपुलर कपल रकुल प्रीत आ जैकी के बियाह के कार्ड के थीम लोगन के खूब पसंद आ रहलऽ बा। एतने ना एकर थीम लोगन के खूब ध्यान खींच रहलऽ बा। सोशल मीडिया पs वेडिंग कार्ड तेजी से वायरल हो रहलऽ बा।

रकुल प्रीत-जैकी के सादी के कार्ड

रकुल प्रीत-जैकी के वेडिंग कार्ड में शादी कवन थीम पs होई एकर झलक देखे के मिल रहल बा। कवना जगहऽ पs कपल के बियाह होई उऽ कइसन दिखी इहो एह कार्ड में साफ तौर पs नजर आ रहल बा। बता दी कि पहिले हमनी के वाइट आ ब्लू कलर के संगे ग्रीस बेस्ड थीम के झलक देखे के मिल रहल बा। उहें दोसरा ओर समुद्र के किनार पs मंडप दिखाई दे रहल बा। एही बीच उनकर हैशटैग #AbDonobhagnaNi वायरल हो रहल बा। रकुल प्रीत-जैकी के वेडिंग कार्ड के थीम एहू ला लोगन के ध्यान अपना ओरी खींच रहल बा।

शादी से पहीले रोशन भइल रकुल-जैकी के घर

 

हालांकि, रकुल प्रीत आ जैकी भगनानी दुनो लोग में से केहू अपना वेडिंग कार्ड के शेयर नइखे कइले आ ना ही एकरा के लेके ऑफिशियल स्टेटमेंट देले बा। बता दी कि कपल के घर में ग्रैंड वेडिंग के तैयारी शुरू हो चुकल बा। बियाह के कार्यक्रम के शुभारंभ अखंड पाठ से भइल बा, जेकर तस्वीर एक्ट्रेस खुद अपना सोशल मीडिया पs शेयर कइले बाड़ी। सोशल मीडिया पs रकुल प्रीत-जैकी के घर के वीडियो सामने आइल बा, जेहमें कपल के घर रोशनी से जगमग दिखाई दे रहल बा। बी टाउन के नए कपल के बियाह के काउंटडाउन शुरू हो चुकल बा।

 

रकुल प्रीत सिंह के वर्कफ्रंट

जैकी भगनानी के होखे वाली कनिया रकुल प्रीत सिंह एह दिनन आपन पर्सनल लाइफ के लेके खूब लाइमलाइट के हिस्सा बनल बाड़ी। 21 फरवरी के गोवा में फिल्ममेकर आ एक्टर जैकी भगनानी से बियाह करे जा रहलऽ बाड़ी। बता दी कि रकुल प्रीत साल 2014 में फिल्म ‘यारियां’ से बॉलीवुड डेब्यू कइले रही। रकुल प्रीत के लगे पाइपलाइन में ‘मेरी पत्नी का रीमेक’ आ कमल हासन के ‘इंडियन 2’ भी बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-