पीएम मोदी बीजेपी के दिहले एतना चंदा, डोनेशन के पर्चीयो कइले शेयर

Minee Upadhyay

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आपन पार्टी भारतीय जनता पार्टी खातीर चंदा देले बाड़े। लोकसभा चुनाव के देखत पार्टी के आर्थिक रूप से मजबूत करे खातीर पीएम मोदी राष्ट्र निर्माण खातीर चंदा अभियान के तहत भाजपा के दान देले बाड़े। पीएम भाजपा के 2000 रुपिया के दान देले बाड़े अवुरी सोशल मीडिया पs ओकर पर्ची भी शेयर कईले बाड़े। पीएम अपना में चंदा के पर्ची साझा कईले।

पार्टी में कइसे चंदा दे सकेनी?

एतने ना, ताकि जनता भी पार्टी में चंदा दे सके, पीएम जी अपना पोस्ट में NaMoApp के लिंक भी शेयर कईले बाड़े। एह लिंक पs जाके रउआ सीधे भाजपा के चंदा दे सकेनी। जब रउरा एह लिंक पs क्लिक करीं तs सामने एगो पेज खुल जाई। इहाँ मौजूद एह फार्म में दाता के जरूरी सगरी विवरण भरे के पड़ी आ ओकरा बाद ओकरा अपना चंदा के रकम दर्ज करे के पड़ी आ ओकरा बाद accept पs क्लिक करे के पड़ी। बता दीं कि पीएम मोदी के अलावा पार्टी के राष्ट्र निर्माण खातिर चंदा अभियान के तहत भाजपा के बहुत नेता दान देले बाड़े।

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।