Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM मोदी कs सकेले शिलान्यास: NER के 12 स्टेशनन के शुरू होइ कायाकल्प, तइयार हो रहल बा सूची

229

 

रेलवे सूत्र के कहनाम बा कि पहिला चरण में सिर्फ चुनल स्टेशन खातीर शिलान्यास होई, जवना में बस्ती अवुरी देवरिया स्टेशन के शामिल कईल जा सकता। एकरा बाद क्रम से स्टेशनन के पुनर्निर्माण के काम शुरू हो जाई।

अमृत ​​भारत योजना के तहत पूर्वोत्तर रेलवे के 12 स्टेशन के कायाकल्प करावे के तैयारी जारी बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 6 अगस्त के एकर शिलान्यास क सकतारे। बतावल जा रहल बा कि प्रधानमंत्री एह शिलान्यास कार्यक्रम में वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से भाग लीहें। जवना स्टेशनन के शिलान्यास होखे के बा ओकर सूची तइयार कइल जा रहल बा।

अमृत ​​भारत योजना के तहत पूर्वोत्तर रेलवे के 55 स्टेशन समेत देश भर के 1275 स्टेशन के कायाकल्प खातीर पहचान कईल गईल बा। प्रधानमंत्री एह स्टेशनन के सौंदर्यीकरण के शुरुआत करीहें एह योजना में चुनल गइल पूर्वोत्तर रेलवे के रामघाट, बलरामपुर, भटनी, सलेमपुर, बेल्थरा रोड, मऊ, आजमगढ़, बस्ती, खलीलाबाद, मगहर, स्वामीनारायण छपिया, सिद्धार्थनगर, बढ़नी, बहराइच, सीतापुर जंक्शन, मैलानी, ऐशबाग, लखनऊ सिटी, डालीगंज आ बादशाहनगर टेंडर प्रक्रिया शुरू हो चुकल बा।

एह स्टेशनन पs 12 मीटर चौड़ा फुट ओवरब्रिज बनावल जाई। स्टेशन भवन आ परिसर के सुन्दर बनावल जाई। स्टेशन पs भीड़ ना होखे के इंतजाम कईल जाई। एकरा अलावे प्रकाश व्यवस्था के संबंध में विशेष काम होई। पहिला चरण में 12 एनईआर स्टेशन के सूची तइयार कईल जाता, जवना खातीर शिलान्यास होखे के बा।

रेलवे सूत्र के कहनाम बा कि पहिला चरण में सिर्फ चुनल स्टेशन खातीर शिलान्यास होई, जवना में बस्ती अवुरी देवरिया स्टेशन के शामिल कईल जा सकता। एकरा बाद क्रम से स्टेशनन के पुनर्निर्माण के काम शुरू हो जाई।

 

616490cookie-checkPM मोदी कs सकेले शिलान्यास: NER के 12 स्टेशनन के शुरू होइ कायाकल्प, तइयार हो रहल बा सूची

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.