PM Awas Yojana : यूपी के ढाई लाख लोगन के म‍िली आपन घर, योगी सरकार स्‍वीकृत क‍इलस 735 करोड़ रुपिया

Share

लखनऊ। शासन के ओर से प्रधानमंत्री आवास योजना (PM Awas Yojana) (शहरी) 2.0 खातिर वित्तीय बरिस 2025-26 में 735.94 करोड़ रुपिया स्वीकृत कइल गइल बा। एमे केंद्र सरकार आ राज्य सरकार दूनो के अंश सामिल बा। धनराशि स्वीकृत कइला के संगही हर आवास के जियो टैगिंग, फोटो-वीडियो रिकार्डिंग अनिवार्य कइल गइल बा। निर्माण कार्यन में राष्ट्रीय भवन संहिता (एनबीसी) के मानकन आ आपदा प्रतिरोधी सुविधन के पालन सुनिश्चित करे खातिर कहल गइल बा।

शासन निरदेस देले बा कि धन के अनुचित उपयोग होखला पs पूरा राशि ब्याज सहित भारत सरकार के लवटावे के होई। परियोजना खातिर पहिलही से कवनो आउर स्रोत से धनराशि प्राप्त ना होखे के पुष्टि सूडा आ डूडा के करे के होई।

नगर विकास विभाग के प्रमुख सचिव अमृत अभिजात कहलें कि धनराशि जारी होखला से प्रधानमंत्री आवास योजना (शहरी) 2.0 के लक्ष्य हासिल करे में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई। गौर करे वाला बात बा कि एह योजना के तहत प्रदेश के 2,52,605 आवास आवंटित कइल गइल बा।

Read Also: PM Modi मिजोरम के देलें करोड़न के सौगात, पहिला बेर भारतीय रेल नेटवर्क से जुड़ल आइजोल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-