PM Modi मिजोरम के देलें करोड़न के सौगात, पहिला बेर भारतीय रेल नेटवर्क से जुड़ल आइजोल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 13, 2025

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पश्चिम बंगाल सहित उत्तर पूर्वी राज्यन के दौरा पs बाड़ें। पीएम मोदी के ई दौरा 13 सितंबर से 15 सितंबर तक चली। एह तीन दिवसीय दौरा में पीएम मोदी 5

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पश्चिम बंगाल सहित उत्तर पूर्वी राज्यन के दौरा पs बाड़ें। पीएम मोदी के ई दौरा 13 सितंबर से 15 सितंबर तक चली। एह तीन दिवसीय दौरा में पीएम मोदी 5 राज्यन- मिजोरम, मणिपुर, असम, पश्चिम बंगाल आ बिहार के रुख करिहें।

पीएम मोदी के दौरा के पहिला पड़ाव मिजोरम बा। मिजोरम पहुंचल पीएम मोदी राज्य के करोड़न के नया सौगातें देले बाड़ें। एमे 8070 करोड़ रुपिया के बैराबी सैरांग रेल लाइन सामिल बा। एही के संगे मिजोरम पहिला बेर भारतीय रेल नेटवर्क से जुड़ गइल बा।पीएम मोदी 3 ट्रेनन के हरियर झंडी दिखवलें।

पीएम मोदी मिजोरम के राजधानी आइजोल में 9000 करोड़ रुपिया के परियोजनन के शिलान्यास कइले बाड़ें। आइजोल बाईपास सहित थेनजोल-सियालसुक आ खानकाउन-रोंगूरा में कनेक्टिविटी बढ़ावे खातिर कइयन गो विकास परियोजनन के उद्घाटन कइल गइल बा।

Read Also: Puja Special Train : गोरखपुर होके समस्तीपुर से नागपुर के बीच चली पूजा स्पेशल, घर आइल होई आसान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.