Bihar Cabinet : सीएम नीतीश कुमार के कैबिनेट के महिला लोगन खातिर बड़ फैसला; रोजगार खातिर मिलल सीधा ऑफर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2025

पटना। Bihar Cabinet : बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार महिला लोगन के सशक्तिकरण के लेके बड़ ऐलान कइले बाड़ें। उ कहलें कि उनकर सरकार 2005 में सत्ता संभरला के बाद से से महिला लोगन के

Share

पटना। Bihar Cabinet : बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार महिला लोगन के सशक्तिकरण के लेके बड़ ऐलान कइले बाड़ें। उ कहलें कि उनकर सरकार 2005 में सत्ता संभरला के बाद से से महिला लोगन के आत्मनिर्भर बनावे खातिर कइयन गो डेग उठवले बिया आ अब एही दिसाई एगो ऐतिहासिक निर्णय लिहल गइल बा।

एक्स अकाउंट पs साझा कइलें बड़ निर्णय

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना एक्स अकाउंट पs महिला सशक्तिकरण कs लेके एगाे बड़ घोषणा कइलें। उ लिखलें कि नवंबर 2005 में सरकार बनला के बादे से महिला लोगन के सशक्त आ आत्मनिर्भर बनावे खातिर लगातार प्रयास कइल जा रहल बा। अब महिला लोग अपना मेहनत से ना खाली राज्य के विकास में जोगदान दे रहल बा लोग, बलुक अपना परिवार के आर्थिक इस्थिति के मजबूतो कs रहल बा लोग।

कैबिनेट बैठक में मिलल मंजूरी

मुख्यमंत्री बतवलें कि एही मिशन के आगे बढ़ावत कैबिनेट के बैठक (Bihar Cabinet) में ‘मुख्यमंत्री महिला रोजगार योजना’ के मंजूरी दिहल गइल बा। एह योजना के उद्देश्य राज्य के हर परिवार के एगो महिला के उनका पसंद के रोजगार सुरू करे खातिर आर्थिक सहायता प्रदान कइल बा।

योजना के प्रमुख बात

  • हर परिवार के एगो महिला के रोजगार सुरू करे खातिर 10 हजार रुपिया पहिला किस्त के रूप में दिहल जाई।
  • आवेदन प्रक्रिया जल्दिये सुरू होई, जवना के संचालन ग्रामीण विकास विभाग करी। नगर विकास आ आवास विभाग के सहजोग लिहल जाई।
  • सितंबर 2025 से महिला लोगन के बैंक खाता में सीधे राशि के हस्तांतरण सुरू होई।
  • रोजगार सुरू करे के छव महीना बाद महिला लोगन के 2 लाख रुपिया तक के अतिरिक्त सहायता दिहल जा सकी।
  • महिला लोगन के उत्पादन के बिक्री खातिर गांव से लेके शहर तक हाट बाजार विकसित कइल जाई।

Bihar Cabinet : रोजगार आ सशक्तिकरण के मिली बढ़ावा

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि एह योजना से महिला लोगन के आर्थिक इस्थिति आउर मजबूत होई। संगही राज्य के भीतर बेहतर रोजगार के अवसर उपलब्ध होई, जवना से लोगन के मजबूरी में बाहर जाये के जरूरत ना पड़ी।

Read Also: PM MODI BIRTH DAY : सेवा पखवाड़ा के रूप में PM मोदी के जन्म तिथि मनाई भाजपा, स्वास्थ्य शिविर आ स्वच्छता अभियान चली

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.