स्पोर्ट्स डेस्क। गत चैंपियन रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) आईपीएल सीजन के सानदार सुरुआत कइलस। आरसीबी पहिला मैच में सनराइजर्स हैदराबाद के छव विकेट से हरा के जीत हासिल कइलस। एह मैच में गेंदबाज जैकब डफी बढ़िया प्रदर्शन कइलें, तs ओहिजा विराट कोहली आ देवदत्त पडिक्कल बल्ला से कमाल देखावल।
हैदराबाद बनवले रहे 201 रन
बंगलुरु के एम चिन्नास्वामी में खेलल गइल मैच में टॉस हार के पहिले बल्लेबाजी करत सनराइजर्स हैदराबाद 20 ओवर में 9 विकेट पs 201 रन बनवलस। एमे ईशान किशन 80 रन आ अनिकेत वर्मा 43 रन बनवलें।
आईपीएल में सबसे कम ओवर में 200+ रन चेज
| ओवर | मैच | स्थान | साल |
|---|---|---|---|
| 15.4 | आरसीबी बनाम सनराइजर्स | बंगलूरू | 2026* |
| 15.5 | राजस्थान बनाम गुजरात | जयपुर | 2025 |
| 16.0 | आरसीबी बनाम गुजरात | अहमदाबाद | 2024 |
| 16.3 | मुंबई बनाम आरसीबी | वानखेड़े | 2023 |
| 17.3 | दिल्ली बनाम गुजरात लायंस | Delhi | 2017 |
आरसीबी 15.4 ओवर में चेज कइलस
जवाब में आरसीबी 15.4 ओवर में 4 विकेट पs 203 रन बना के मैच जीत लेलस। ई आईपीएल इतिहास में 200+ रन के लक्ष्य सबसे तेजी से हासिल करे के नया रिकॉर्ड बन गइल।
कोहली-पडिक्कल के तूफानी पारी
विराट कोहली 38 गेना में 69 रन के जबरदस्त पारी खेललें, जवना में 5 चौका आ 5 छक्का रहे। ओहिजा देवदत्त पडिक्कल 26 गेना में 61 रन ठोक देलें, जवना में 7 चौका आ 4 छक्का सामिल रहे। दुनो खिलाड़ी दूसरा विकेट खातिर 101 रन के साझेदारी कइल।
चेज मास्टर कोहली के नया रिकॉर्ड
कोहली फेर साबित कइलें कि काहे उनका के ‘चेज मास्टर’ कहल जाला। ऊ आईपीएल में लक्ष्य के पीछा करत 4000 रन पूरा करे वाला पहिला बल्लेबाज बन गइलें। अब तक ऊ 4027 रन चेज में बना चुकल बाड़ें, जवन सबसे जादे बा।
Read Also: Bihar News : भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन विधान सभा से इस्तीफा ना देलें, जानीं का बनल वजह








