फगवाड़ा। फगवाड़ा-लुधियाना हाईवे पs गांव चाचोकी के लगे भीषण सड़क हादसा भइल बा। एह हादसा में कार आ टाटा 407 ट्रक के आमने-सामने जोरदार टक्कर हो गइल। टक्कर एतना भयानक रहल कि कार के पूरा चिथड़ा-चिथड़ा हो गइल आ ओमे सवार तीनो नव जवानन के मवके पs जान चल गइल।
मृतकन के पहचान साहिल मोहम्मद (23) पुत्र कश्मीर मोहम्मद, दलजीत भट्टी (20) पुत्र अवतार चंद आ अवतार मेहमी (17) पुत्र देस राज मेहमी, निवासी मुठड्डा कलां, थाना फिल्लौर, जिला जालंधर के रूप में भइल बा। तीनो फगवाड़ा के लवली प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी (LPU) के छात्र रहे लोग। जवना कार में तीनो सवार रहलें, ओमे कार के परखच्चा उड़ गइल रहल।
हादसा के बाद हाईवे पs लमहर जाम लग गइल। सईयन गाड़ी फंस गइलही सs। सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ क्षतिग्रस्त गाड़ियन के साइड करा के ट्रैफिक बहाल करवलस। तीनो मृतकन के शव पोस्टमार्टम खातिर फगवाड़ा के सिविल अस्पताल भेजल गइल बा।
ओहिजा, ट्रक चालक विजय कुमार पुत्र मीत राम, निवासी लाडोवाल, हादसा में घायल हो गइल। ओकरा के इलाज खातिर फगवाड़ा के सिविल अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।
सड़क सुरक्षा फोर्स (SSF) के अधिकारी मक्खन सिंह बतवलें कि तीनो जुवक इटियोस कार नंबर PB-10-DS-5210 से फगवाड़ा से फिल्लौर के ओर जात रहलन। ओवरस्पीड के चलते कार ड्राइवर नियंत्रण खो बैठल आ गाड़ी डिवाइडर से टकरा के पलटी खात हाईवे के दोसरा तरफ पहुंच गइल, जहां फिल्लौर से फगवाड़ा आ रहल ट्रक से सीधी भिड़ंत हो गइल। एह दर्दनाक हादसा में तीनों नवही जवानन के मौत हो गइल।







