Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंकज उधास के उs गाना, जेके सुन के रो देले रहले राज कपूर, रिकॉर्डिंग में सब के निकल गइल रहे आँख से आंसू

2,733

 

अगर आजु एह दुनिया में मशहूर गजल गायक पंकज उधास रहते तs ऊ आपन 73वां जन्मदिन मनावत रहते. बाकिर, गजल के दुनिया में आपन नाम मशहूर करे वाला पंकज उधास एह साल 26 फरवरी के एह दुनिया से अलविदा कs दिहलन. गजल गायक बहुत दिन से पैंक्रियाटिक के कैंसर से लड़त रहले। पंकज उधास हो सकेला कि एह दुनिया में ना होखस बाकिर उनकर गजल आ आवाज अबहीं लोग के दिल में जिंदा बा आ हमेशा रही. हालांकि पंकज उधास के कई गो गीत आ गजल मशहूर बा, बाकिर संजय दत्त के फिल्म ‘नाम’ में गावल उनुका गीत ‘चिठी आयी है’ के लोकप्रियता एगो अलगे स्तर पs बा।

चिट्ठी आई है के रिकार्डिंग महबूब स्टूडियो में भइल रहे

पंकज उधास मशहूर ‘महबूब स्टूडियो’ में ‘चिठी आयी है’ के रिकार्डिंग कइले रहले. एह गजल के रचना आनंद बख्शी जी के आ रचना लक्ष्मीकांत-प्यारेलाल के हs। ई गजल आजुओ जनता के बीच बहुते लोकप्रिय हो गइल बा. आज भी लोग इs गीत सुनला के बाद भावुक हो जाला। बाकिर, अयीसन बाकिर आम लोग के संगे नईखे। पंकज उधास खुद 2019 में खुलासा कईले रहले कि, जब एs गाना के रिकॉर्डिंग होखत रहे तs स्टूडियो में मौजूद हर आदमी के आंख नम हो गईल।

ररोज कपूर भावुक हो गईले

राज कपूर एह गीत के सुन के अतना भावुक हो गइलन कि आँख में लोर आ गइल आ गाना सुनला के बाद ऊ भविष्यवाणी कs लिहले रहले कि ई गाना बड़का हिट साबित होखे वाला बा. पंकज उधास एगो साक्षात्कार में कहले रहले- ‘ई गीत महबूब स्टूडियो में रिकार्ड भईल रहे।’ एह गीत के रचना लक्ष्मीकांत प्यारेलाल कइले बाड़न आ आनंद बक्षी साहब के लिखल हs. आम तौर पs रिकॉर्डिंग के समय कलाकार के परिवार के लोग मौजूद ना होखेले, बाकिर संजोग से जवना दिन इs गीत रिकॉर्ड भईल रहे, ओ दिन हालात अलग रहे।

 

 

829510cookie-checkपंकज उधास के उs गाना, जेके सुन के रो देले रहले राज कपूर, रिकॉर्डिंग में सब के निकल गइल रहे आँख से आंसू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.