OTT Platforms Ban : भारत सरकार एह 25 एप-वेबसाइट्स पs लगवलस बैन, Ullu से लेके ALTT के नाम, देखीं पूरा लिस्ट

Share

नई दिल्ली। भारत सरकार ऑनलाइन अश्लील सामग्री के प्रसार पs लगाम कसे खातिर 25 ओटीटी एप्स आ वेबसाइटन के ब्लॉक (OTT Platforms Ban) करे के आदेस देले बिया। सूचना आ प्रसारण मंत्रालय इंटरनेट सेवा प्रदाता (ISPs) के एह प्लेटफॉर्म्स के सार्वजनिक पहुंच रोके के निरदेस देले बा, माने एह एप्स पs पूरा तरे से बैन लगा दिहल गइल बा।

OTT Platforms Ban : काहे कइल गइल ई कार्रवाई?

रिपोर्ट के अनुसार, मंत्रालय के ई पता चलल कि ई एप्स आ वेबसाइट्स आपत्तिजनक विज्ञापन आउर अश्लील कंटेंट प्रसारित करत रहs सs, जवन कइयन गो भारतीय कानूनन के उल्लंघन करत रहे। एकरा बाद मंत्रालय एह सभन पs कार्रवाई करत देस भर में एक्सेस ब्लॉक करे के आदेस जारी कइलस।

OTT Platforms Ban : प्रतिबंधित 25 OTT प्लेटफॉर्म्स के सूची

  • ULLU
  • ALTT
  • Big Shots App
  • Jalva App
  • Wow Entertainment
  • Look Entertainment
  • Hitprime
  • Feneo
  • ShowX
  • Sol Talkies
  • Kangan App
  • Bull App
  • Adda TV
  • HotX VIP
  • Desiflix
  • Boomex
  • Navarasa Lite
  • Gulab App
  • Fugi
  • Mojflix
  • Hulchul App
  • MoodX
  • NeonX VIP
  • Triflicks

Read Also: Hariyali Teej : हरियाली तीज पs भूलके मत करीं ई काम, ना तs ना मिली व्रत के फल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-