OROP: सशस्त्र बल के पात्र पेंशनर लोग 15 मार्च ले हो जाए एरियर के भुगतान, सुप्रीम कोर्ट दिहलस अहम निर्देश

कुमार आशू

वन रैंक वन पेंशन मामिला में सुप्रीम कोर्ट केंद्र सरकार के निर्देश दिहले बा कि ऊ आगामी 15 मार्च ले सुरक्षाबलों के सब पात्र पेंशनर्स के उनके बकाया के भुगतान करे। सुप्रीम कोर्ट एक्स सर्विसमैन एसोसिएशन के भी छूट दिहले बा कि ऊ अगर केंद्र सरकार के बकाया भुगतान से संतुष्ट नइखें होत त सुप्रीम कोर्ट में फिर से आवेदन कs सकतनें। कोर्ट कहलस कि वन रैंक वन पेंशन के पात्र के भुगतान के काम तेजी से होखे।

मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़ अउर जस्टिस पीएस नरसिम्हा के बेंच केंद्र के निर्देश दिहलस कि ऊ सुनिश्चित करे कि सुरक्षाबल के सब पेंशनर लोग के उनके बकाया के भुगतान होखे के चाहीं अउर एहमें अब कौनो देरी नाइ होखे के चाहीं। अटॉर्नी जनरल आर. वेंकटरमनी केंद्र सरकार के तरफ से कोर्ट में पेश भइल अउर ऊ बतवलें कि कंट्रोलर जनरल ऑफ डिफेंस अकाउंट सारणी प्रक्रिया पूरा कs लेहले बा अउर जल्दिए ई सारणी मंजूरी खातिर रक्षा मंत्रालय के भेज दीहल जाई। 15 मार्च से बकाया के पइसा पेंशनर्स के खाता में आवल शुरू हो जाई।

उल्लेखनीय बा कि बीतल माह सरकार वन रैंक वन पेंशन के तहत पेंशनर्स के बकाया भुगतान खातिर समय सीमा 15 मार्च 2023 ले बढ़ावे के मांग कइले रहनें। ई दूसरा बेर रहल जब केंद्र सरकार के मांग पर सुप्रीम कोर्ट बकाया भुगतान के समयसीमा के बढ़वले रहे। एहसे पहिले बीतल साल जून में भी केंद्र सरकार भुगतान खातिर तीन महीना के समय मंगले रहनें।

एहसे पहिले बीतल महीना में केंद्रीय मंत्रीमंडल वन रैंक वन पेंशन के तहत सुरक्षाबल के पेंशनर्स के संशोधित पेंशन के मंजूरी दिहले रहनें। जेसे पेंशनर्स के पेंशन में बढ़त भइल बा। रक्षा मंत्रालय के आंकड़न के अनुसार, संशोधित पेंशन के तहत अब सिपाही रैंक से रिटायर भइल पेंशनर्स के अब करीब 20 हजार रुपया पेंशन मिली। साथही सिपाही रैंक के पेंशनर्स के एक जुलाई 2019 से ले के 30 जून 2022 तक के समय अवधि खातिर 87 हजार रुपया बकाया के भुगतान कइल जाई।

एही तरे नायक पद से रिटायर भइल पेंशनर्स के करीब 21 हजार रुपया पेंशन अउर 1,14,000 रुपया बकाया के भुगतान होई। हवलदार पद खातिर 22 हजार पेंशन अउर 70 हजार रुपया बकाया के भुगतान, नायब सूबेदार पद खातिर 27 हजार पेंशन अउर करीब एक लाख रुपया बकाया, सूबेदार मेजर पद खातिर 38 हजार पेंशन अउर करीब एक लाख 75 हजार रुपया बकाए के भुगतान कइल जाई।

उहवें मेजर पद खातिर संशोधित पेंशन करीब 70 हजार रुपया अउर बकाया भुगतान करीब 3 लाख रुपया होई। लेफ्टिनेंट कर्नल पद खातिर पेंशन 98 हजार अउर बकाया करीब 4.55 लाख रुपया होई। कर्नल पद खातिर पेंशन एक लाख 7 हजार अउर बकाया 4 लाख 42 हजार, ब्रिगेडियर पद खातिर पेंशन एक लाख 12 हजार अउर बकाया 3 लाख 90 हजार, लेफ्टिनेंट जनरल पद खातिर पेंशन एक लाख 15 हजार अउर बकाया करीब 4 लाख 32 हजार बा।

आर्म्ड फोर्सेस के जौन जवान 30 जून 2019 तक रिटायर भइल बानें, उनके एह संशोधित पेंशन के फायदा मिली। सुरक्षा बल द्वारा लमहर समय से वन रैंक वन पेंशन के मांग कइल जा रहल बा।। मांग रहल कि जौन सैन्यकर्मी एक रैंक से समान समय ले सेवा देहले के बाद रिटायर होनें, उनके एक पेंशन दीहल जाए के चाहीं, फिर चाहे ऊ कौनहू साल में रिटायरमेंट लिहले होखें।

Share This Article