Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोहरा के चलते कई फ्लाइट डायवर्ट, सात घंटा ले उड़ान लेट, नाइ रुकsता ट्रेनओ के लेटलतीफी

605

कोहरा के चलते दृश्यता कम होखले पर अमौसी के संगे प्रयागराज अउर वाराणसी एयरपोर्ट के फ्लाइट डायवर्ट कइल गइल। वाराणसी के एक अउर प्रयागराज के उड़ान लखनऊ डायवर्ट कइल गइल। उहवें लखनऊ से तीन उड़ान के रद्द करे के पड़त। ट्रेन भी कई घण्टा के देरी से स्टेशन पर पहुंचल, जेसे यात्रियन के असुविधा के सामना करे के पड़ल।

दरअसल, चौधरी चरण सिंह अंतर्राष्ट्रीय एयरपोर्ट पर बेंगलुरु से प्रयागराज के ओर जात इंडिगो एयरलाइन के उड़ान के डायवर्ट कs के सोमार के लावल गइल। ई फ्लाइट दूपहर 3.08 बजे लखनऊ पहुंचल। एकरे बाद एके साँझ सवा चार बजे लखनऊ से प्रयागराज खातिर रवाना कs दिहल गइल। अइसही इंडिगो के ही मुंबई से प्रयागराज जात उड़ान 6ई 6937 के प्रयागराज में मौसम खराब होखले के चलते लखनऊ डायवर्ट कइल गइल। बेंगलुरु से वाराणसी जात इंडिगो के उड़ान 6ई 897 भी लखनऊ डायवर्ट कs दीहल गइल। एही क्रम में दिल्ली से लखनऊ आवे वाली इंडिगो के फ्लाइट 6ई2376 निरस्त कs दिहल गइल। जबकि लखनऊ से दिल्ली जाए वाली इंडिगो के उड़ान संख्या 6ई-5072 अउर लखनऊ से रियाद जाए वाली फ्लाइनस के उड़ान एक्सवाइ-334 अचानक रद्द कs दीहल गइल।

एकरे अलावा कई उड़ान कई घण्टा के देरी से पहुंचल। जेद्दा से लखनऊ आवे वाली फ्लाइट एसवी-890 सोमार के पौने सात घंटा के देरी से पहुंचल। अइसही इंडिगो के इंदौर से लखनऊ आवे वाली फ्लाइट 6ई-7127 सवा पांच घंटा देरी से अमौसी पहुंचल। दिल्ली से अमौसी आवे वाली इंडिगो के फ्लाइट 6ई-2427 करीब पांच घंटा के देरी से लैंड हो पवलस। चैन्नई से लखनऊ आवे वाली इंडिगो के 6ई-515 तीन घंटा से ज्यादा लेट रहल। गोएयर के लखनऊ से बेंगलुरु जाए वाली उड़ान जी8-806 साढे़ तीन घंटा लेट भइल। गोएयर के ही बेंगलुरु से लखनऊ आवे वाली जी8-808 तीन घंटा के आसपास लेट पहुंचल। लखनऊ से मुम्बई जाए वाली गोएयर के जी8-396 तीन घंटा पंद्रह मिनट लेट पहुंचल। उहवें मुम्बई से लखनऊ आवे वाली गोएयर के जी8-397 तीन घंटा देरी से लैंड भइल।

अइसही इंडिगो के लखनऊ से चैन्नई जाए वाली 6ई-518 सवा दू घंटा लखनऊ से पटना जाए वाली इंडिगो के 6ई-6902 दू घंटा, पटना से लखनऊ आए वाली इंडिगो के 6ई-925 दू घण्टा, लखनऊ से मस्कट जाए वाली ओवी-798 दू घण्टा, इंडिगो के लखनऊ से गुवाहाटी जाए वाली 6ई-146 डेढ़ घंटा, इंडिगो के दिल्ली से लखनऊ आए वाली 6ई-2251 सत्तर मिनट, 6ई2107 दिल्ली लखनऊ फ्लाइट 74 मिनट, इंडिगो के 6ई-6552 गुवाहाटी से लखनऊ के उड़ान 80 मिनट, पुणे से लखनऊ आए वाली इंडिगो के 6ई-338 बीस मिनट, 6ई-6232 दिल्ली लखनऊ फ्लाइट आधा घण्टा, इंडिगो के 6ई-146 चंडीगढ़ लखनऊ डेढ़ घंटा कइल इंडिगो के बेंगलुरु से लखनऊ आए वाली 6ई-6353 आधा घंटा देरी के शिकार भइल।

ट्रेन के लेटलतीफी नइखे थमत

सोमार के गाड़ी संख्या बेगमपुरा एक्सप्रेस ग्यारह घंटा के देरी से पहुंचल। अइसही सरयू यमुना एक्सप्रेस सवा छह घंटा लोकनायक एक्सप्रेस 8.30 घंटा, हमसफर एक्सप्रेस पौने सात घंटा, अरुणाचल एक्सप्रेस सवा तीन घंटा, गोरखधाम एक्सप्रेस 10.30 घंटा, नौचंदी एक्सप्रेस पांच घंटा, भोपाल प्रतापगढ़ एक्सप्रेस चार घंटा, पाटलिपुत्र चंडीगढ़ सुपरफास्ट पौने छह घंटा, कोटा पटना एक्सप्रेस 10 घंटा, गंगा सतलज एक्सप्रेस नौ घंटा, फरक्का एक्सप्रेस सवा चार घंटा, चंडीगढ़ लखनऊ सुपरफास्ट ढाई घंटा, अर्चना एक्सप्रेस नौ घंटा, पंजाब मेल तीन घंटा, हिमगिरी एक्सप्रेस छह घंटा, जम्मूतवी कोलकाता एक्सप्रेस पांच घंटा, अवध आसाम एक्सप्रेस चार घंटा, फरक्का एक्सप्रेस 3.30 घंटा लेट रहल।

435160cookie-checkकोहरा के चलते कई फ्लाइट डायवर्ट, सात घंटा ले उड़ान लेट, नाइ रुकsता ट्रेनओ के लेटलतीफी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.