Operation Sindoor: भारत के पाकिस्तान पs एयर स्ट्राइक ; पहलगाम हमला के लेलस बदला, 9 ठिकानन पs दगलस मिसाइल

Anurag Ranjan

नेशनल डेस्क: भारत पहलगाम आतंकी हमला के गुनहगारन के माटी में मिलावल सुरू कs देले बा। भारतीय सेना देर रात पाकिस्तान आ पीओके में आतंकियन के नव ठिकानन पs स्ट्राइक कइले बिया। भारत बुध के रात करीब डेढ़ बजे ‘ऑपरेशन सिंदूर’ के तहत बहावलपुर, कोटली आ मुजफ्फराबाद में आतंकी ठिकानन के निशाना बनवलस। पहलगाम आतंकी हमला के 15 दिन बाद सेना दहशतगर्दन आ ओकनी के मददगारन के मुंहतोड़ जवाब देले बा।

भारत जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बदला ले लेले बा। पड़ोसी देस से जारी तनाव के बीच भारत पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में नव आतंकी ठिकानन पs मिसाइलें दगलस। पहलगाम आतंकी हमला के 15 दिन बाद भारत आतंकियन के माटी में मिला देले बा। जानकारी के मोताबिक, भारत पाकिस्तान आ पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में आतंकी ठिकानन पs एयर स्ट्राइक कइले बा। भारतीय सशस्त्र बल एह ऑपरेशन के ‘ऑपरेशन सिंदूर’ नाम देले बाड़ें सs।

एह बीच समाचार एजेंसी एएनआई सूत्रन के हवाले से बतवलस कि ऑपरेशन सिंदूर के तहत पाकिस्तान आ पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में कइयन गो ठिकानन पs हमला भारतीय सेना, नौसेना आ वायु सेना संयुक्त अभियान चलाके कइलस। सेना सटीक हमला करे वाला हथियारन के इस्तेमाल कs के दहशतगर्दन के माटी में मिलावे के काम कइलस। सेना भारतीय जमीन से दहशतगर्दन के सबक सिखावे के काम कइलस।

नव ठिकानन में से चार पाकिस्तान में आ पांच पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में

सूत्रन के मोताबिक, भारतीय सेना के ओर से सफलतापूर्वक निशाना बनावल गइल नव ठिकानन में से चार पाकिस्तान में आ पांच पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में बा। पाकिस्तान में इस्थित ठिकानन में बहावलपुर, मुरीदके आ सियालकोट सामिल बा। आतंकी शिविरन के निशाना बनावे खातिर विशेष सटीक हथियारन के इस्तेमाल कइल गइल। तीनो सेना संयुक्त रूप से ऑपरेशन के अंजाम देलस। भारतीय सेना भारत में आतंकवादी गतिविधियन के प्रायोजित करे में ओकनी के भूमिका खातिर जैश-ए-मोहम्मद आ लश्कर के शीर्ष नेतृत्व के निशाना बनावे के इरादा से हमला खातिर स्थान के चयन कइले रहे।

रक्षा मंत्रालय बतवलस कि भारतीय बल ओह आतंकवादी ढांचा के निशाना बनवले बा, जहां से भारत के खिलाफ आतंकवादी हमलन के योजना बनावल गइल आ निर्देशित कइल गइल रहे। कुल मिलाके नव जगहन के निशाना बनावल गइल बा। हमनी के कार्रवाई केंद्रित, पहिलही से तय आ प्रकृति में गैर-उग्र रहल बा। कवनो पाकिस्तानी सैन्य सुविधा के निशाना नइखे बनावल गइल बा।

मंत्रालय कहलस कि भारत टारगेट के चयन आ हमला के तरीके बहुत संयम दिखवले बा। ई डेग पहलगाम में भइल बर्बर आतंकवादी हमला के मद्देनजर उठावल गइल बा, जेमे 25 भारतीय आ एगो नेपाली नागरिक के हत्या कs दिहल गइल रहे। हमनी के एह प्रतिबद्धता पs खरा उतर रहल बा कि एह हमला खातिर जिम्मेदार लोगन के जवाबदेह ठहरावल जाई। मंत्रालय कहलस कि जल्दिये ‘ऑपरेशन सिंदूर’ पs विस्तृत जानकारी दिहल जाई।

पहलगाम में आतंकी हमन के गुनहगारन के देलस सजा

22 अप्रिल के जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में बायसरन घाटी में मवजूद घास के मैदान में छुट्टियन के लुत्फ उठा रहल 26 पर्यटकन के आतंकी गोली मार के हत्या कs देले रहलें सs। एकरा बाद से पाकिस्तान लगातार गीदड़ भभकी देत रहे। एह बीच भारत आज देसभर में मॉक ड्रिल करे के योजना बनावल गइल रहे, एह बीच भारतीय सेना पाकिस्तान के खिलाफ स्ट्राइक के अंजाम देलस।

Read Also: कूलर आ छत पंखा दुनु चला के सुतले से शरीर पs का असर पड़ेला, कवनो दिक्कत होला का?

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment