एक दिवसीय गायन कार्यशाला: गोरखपुर में संगीत के दुनिया में एगो नया सफर के शुरुआत

Minee Upadhyay
एक दिवसीय गायन कार्यशाला

गोरखपुर: गायन एगो अइसन कला हs जवन हमनी के जिनगी में खुशी, आनंद आ संतुष्टि लेके आवे ला। जे भी नवहा गायक/गायिका आपन कैरियर एह क्षेत्र में बनावल चाहत बा उ एकदिवसीय गायन कार्यशाला के माध्यम से एह कला के अउरी निखार सकेला।
गोरखपुर के नवहा गायक/गायिका खातिर ई कार्यशाला गोरखपुर के संस्थान स्वर द सोल आफ म्यूजिक के तत्वाधान में आयोजित हो रहल बा। संस्थान ‘स्वर द सोल आफ म्यूजिक’ के संस्थापिका अर्पिता चित्रा उपाध्याय हई. एह कार्यशला में प्रशिक्षक के रूप में आ रहल बाड़ें सारेगामापा से देश भर में मशहूर नामचीन गायक आकाश दुबे।

आकाश दुबे एगो अनुभवी गायक आ संगीतकार के रूप में आपन नाव स्थापित कइले बाड़े। एह कार्यशाला के माध्यम से भाग लेबे वाला प्रतिभागी लोग के गायन के बारीकी सीखी।सांस लेबे,आवाज के स्थिर करे आ स्वर के बदले, ओकर ठहराव,आ उठान के बारे में जानी।
ई एक दिवसीय गायन कार्यशाला संगीत के प्रेमी लोग खातिर एगो अद्भुत अवसर बा, जहां उ लोग अपना गायन कौशल के अउरी बेहतर कई सकत बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ जानीं ‘महजबीन बानो’ से ‘मीना कुमारी’ आ फेर ‘ट्रेजेडी क्वीन’ बनले के सफर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।