गोंडा। अतवार के सबेरे पृथ्वीनाथ मंदिर जा रहल श्रद्धालुअन से भरल बोलेरो पलट गइल (Gonda Accident) बोलेरो में सवार 11 श्रद्धालुअन के मौत हो गइल बा। पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी जांच में जुटल बा लो।
बताावल जा रहल बा कि मोतीगंज थाना के सीहागांव निवासी प्रह्लाद गुप्ता बोलेरो से परिवार आ दोस्तन के संगे पृथ्वीनाथ मंदिर में दर्शन करे जात रहलें। पारासराय अलावल देवरिया मार्ग पs रेहरा गांव इस्थित सरयू नहर पुल के पास बोलेरो अनियंत्रित होके नहर में गिर गइल।
बोलेरो में 15 लोग सवार रहे, जेमें से 11 लोगन के मवके पs मौत (Gonda Accident) हो गइल। थानाध्यक्ष इटियाथोक केजी राव बतवलें कि नहर से 11 शव बरामद कइल गइल बा। चार लोगन के सुरक्षित बाहर निकालल गइल बा।
Read Also : Rail News : अब थावे जंक्शन से सूरत जाई ताप्ती गंगा एक्सप्रेस, छपरा से थावे जंक्शन तक भइल विस्तार
Post Views: 9