Jammu Kashmir : उधमपुर में बड़ हादसा…सीआरपीएफ जवानन से भरल बस 200 फीट गहिराह खाई में गिरल, तीन बलिदान; कई गो लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2025

जम्मू-कश्मीर। उधमपुर में बड़ हादसा भइल बा। केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) से भरल बस खाई में गिर गइल। हादसा में तीन जवान बलिदान हो गइल बा। कइयन गो जवान घायल हो गइल लो। घायल

Share

जम्मू-कश्मीर। उधमपुर में बड़ हादसा भइल बा। केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) से भरल बस खाई में गिर गइल। हादसा में तीन जवान बलिदान हो गइल बा। कइयन गो जवान घायल हो गइल लो। घायल जवानन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। राहत आ बचाव के काम जारी बा।

जानकारी के अनुासर, केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) के 187वीं बटालियन के बस उधमपुर जिला में कदवा से बसंत गढ़ जात घरी करीब 200 फीट गहिराह खाई में गिर गइल। हादसा में तीन जवान बलिदान हो गइल लो। जबकि 15 जवान घायल हो गइल लो।

बस में 18 जवान सवार रहे लो, आज सबेरे लगभग 10:30 बजे ई हादसा भइल। बस जम्मू-कश्मीर के उधमपुर जिला में कदवा से बसंत गढ़ जात रहे। एही दौरान बस दुर्घटनाग्रस्त होके खाई में गिर गइल।

केंद्रीय मंत्री डॉ. जितेंद्र सिंह ट्वीट कइलें कि उधमपुर में कंदवा-बसंतगढ़ क्षेत्र में सीआरपीएफ के एगो वाहन दुर्घटना के शिकार हो गइल। एह हादसा में कुछ जवानन के बलिदान के खबर सुनके व्यथित बानी। वाहन में सीआरपीएफ के कइयन गो बहादुर जवान सवार रहे लो। हम अभी-अभी डीसी सलोनी राय से बात कइले बानी, जे व्यक्तिगत रूप से इस्थिति पs नजर रख रहल बाड़ी आ हमरा के जानकारी दे रहल बाड़ी। बचाव के काम तुरंत सुरू कs दिहल गइल बा। स्थानीय लोग स्वेच्छा से सहायता खातिर आगे आइल बा। हर संभव मदद सुनिश्चित कइल जा रहल बा।”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.