Rail News : अब थावे जंक्शन से सूरत जाई ताप्ती गंगा एक्सप्रेस, छपरा से थावे जंक्शन तक भइल विस्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 3, 2025

Rail News : छपरा से सूरत खातिर चले वाली ताप्ती गंगा एक्सप्रेस अब थावे जंक्शन सें चली। एकरा के लेके रेलवे बोर्ड ताप्ती गंगा एक्सप्रेस (गाड़ी संख्या 19045/19046) के विस्तार के मंजूरी दे देले बा।

Share

Rail News : छपरा से सूरत खातिर चले वाली ताप्ती गंगा एक्सप्रेस अब थावे जंक्शन सें चली। एकरा के लेके रेलवे बोर्ड ताप्ती गंगा एक्सप्रेस (गाड़ी संख्या 19045/19046) के विस्तार के मंजूरी दे देले बा। अब ई ट्रेन छपरा जंक्शन से आगे थावे जंक्शन तक जाई। एह फसीला से गोपालगंज, मशरख आ थावे के यात्रियन के सहूलियत मिली। लमहर समय एह रूट पs सीधे ट्रेन सेवा के मांग उठत रहल बा। अब जाके ई मांग पूरा भइल बा।

Rail News : एह तरे बा विस्तारित रूट आ समय सारणी

सूरत-थावे ताप्ती गंगा एक्सप्रेस (गाड़ी संख्या 19045)

सूरत से प्रस्थान: सबेरे 10:10 बजे
छपरा जंक्शन आगमन: अगिला दिन सांझ 18:10 बजे
छपरा से प्रस्थान सांझ 18:25 बजे
स्टॉपेज: मशरख आ गोपालगंज
थावे जंक्शन आगमन: रात 21:00 बजे

थावे-सूरत ताप्ती गंगा एक्सप्रेस (गाड़ी संख्या 19046)

थावे से प्रस्थान: सबेरे 05:50 बजे
स्टॉपेज: गोपालगंज आ मशरख
छपरा जंक्शन आगमन: सबेरे 08:40 बजे
छपरा से प्रस्थान: सबरे 09:00 बजे
सूरत आगमन: अगिला दिन सांझा 16:05 बजे

रेलवे बोर्ड के ओर से एह विस्तार के स्वीकृति दे दिहल गइल बा, हालांकि थावे स्टेशन से नियमित परिचालन के तिथि जल्दिये घोषित कइल जाई। रेलवे के ओर से जरूरी तकनीकी तइयारियन के बाद ट्रेनन के विस्तारिक परिचालन सुरू कs दिहल जाई।

ताप्ती गंगा एक्सप्रेस के एह विस्तार से गोपालगंज, थावे, मशरख आ आसपास के यात्रियन के सूरत, जलगांव, भुसावल, जबलपुर, प्रयागराज आ बनारस जइसन प्रमुख जगहन तक सीधा रेल सेवा मिली। ई ना खाली प्रवासी कामगारन बलुक छात्रन आ बेयपारियन खातिर बहुते सुविधाजनक होई।

Rail News : जनप्रतिनिधियन के मांग पs रेलवे के पहल

पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन स्थानीय सांसद, विधायक आ जनप्रतिनिधियन के मांग के गंभीरता से लेत एह विस्तार के सिफारिश कइले रहे। रेलवे बोर्ड एकरा के स्वीकार कs के क्षेत्रीय रेल कनेक्टिविटी के बढ़ावे के दिशा में बड़ डेग उठवले बा।

Read Also: UP Electricity Rates : प्रदेश में 30 फीसदी महंगा हो सकेला बिजली के नया कनेक्शन, कॉर्पोरेशन देलस दर बढ़ावे के प्रस्ताव

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.