Gorakhpur News : ओम फिटनेस योग संस्थान के आठवां स्थापना दिवस महोत्सव धूमधाम से संपन्न 

Om Fitness Yoga Institute celebrates its 8th Foundation Day with awards, yoga demonstrations, and cultural programs in Gorakhpur

Share

गोरखपुर। ओम फिटनेस योग संस्थान सेवा साथी फाउंडेशन ट्रस्ट के आठवां स्थापना दिवस महोत्सव बहुते भव्य आ आध्यात्मिक माहौल में संपन्न भइल। कार्यक्रम के सुभारंभ दिव्य ज्योति जागृति संस्थान के स्वामी अर्जुनानंद, योगी धर्मेश्वर के माई-बाबूजी, श्रीकांत मिश्रा, चारु चौधरी, रीना तिवारी, आशुतोष मिश्रा, राकेश श्रीवास्तव, सौरभ पांडेय, वैद्य सुरेंद्रप्रसाद त्रिपाठी सहित आउर सम्मानित अतिथि लोगन के ओर से दीप प्रज्ज्वलन कइल गइल। दीप प्रज्ज्वलन के संगे कार्यक्रम आध्यात्मिक ऊर्जा, सेवा भाव आ समाज कल्याण के संकल्प के संगे आगे बढ़ल।

एह अवसर पs मंचासीन आ उपस्थित सब सम्मानित अतिथि लोगन के पारंपरिक ढंग से स्वागत कइल गइल। कार्यक्रम के दौरान अतिथि लोगन के श्रीमद्भागवत गीता भेंट कs के सम्मानित कइल गइल, जवना से आयोजन के आध्यात्मिक गरिमा आउर बढ़ गइल।

महोत्सव के मुख्य आकर्षण समाज में लगातार सकारात्मक जाेगदान देवे वाला लोगन के सम्मान रहल। मीडिया बंधु, रक्तवीर, समाजसेवी, स्वच्छता प्रहरी, शिक्षा सेवा से जुड़ल लोग आ फिटनेस योग योद्धा लोगन के 200 से जादे गोरखपुर गौरव सम्मान प्रदान कइल गइल। ई सम्मान ओह लाेगन के निस्वार्थ सेवा, जनकल्याण के प्रति समर्पण आ समाज में जागरूकता फइलावे खातिर दिहल गइल।

आयोजक योगी धर्मेश्वर अपना संबोधन में कहलें कि संस्थान साल 2018 से योग, स्वास्थ्य, शिक्षा, स्वच्छता आ सामाजिक चेतना के क्षेत्र में निशुल्क सेवा कार्य करत आ रहल बा। ई महोत्सव सेवा भाव के आउर मजबूत करे आ समाज के प्रेरणा देवे के एगो प्रयास हs।

कार्यक्रम के संचालन जिला महिला निरीक्षक प्रभारी श्वेता साहनी आ डॉ. जितेंद्र प्रजापति द्वारा कइल गइल। एह अवसर पs महिला प्रभारी तरुणा चेतनानी, लुसी मौर्या, गीता जायसवाल, संतोष श्रीवास्तव, अदिति राव, मंचन, विजयलक्ष्मी, रंजना आ आउर योग साधक लोगन के ओर से सांस्कृतिक आ जोग प्रस्तुति पेश कइल गइल, जवना से माहौल आउर ऊर्जावान बन गइल।

कार्यक्रम के समापन आभार ज्ञापन आ सामाजिक समरसता के संदेश के संगे कइल गइल। एह आयोजन में 300 से जादे योग साधक, गणमान्य नागरिक आ आम लोग मवजूद रहे, जवना से महोत्सव बेहद सफल आ प्रेरणादायी साबित भइल। कार्यक्रम के सफल बनावे में जय अम्बे ज्वैलर्स के रितेश, आरएन शेयर के सुनील मोहन गुप्ता, राजकीय उद्यान विभाग मोहद्दीपुर के अधीक्षक पारसनाथ आ दिव्य ज्योति जागृति संस्थान के प्रमुख जोगदान रहल।

एह अवसर पs शोभा पांडे, मुकेश साहनी, रंजना गौड़, नित्यानंद शर्मा, सुमित कुमार, ध्यान अंजन, प्रदीप, सोनू मौर्या, प्रमिला देवी, किरण अग्रवाल, बबिता कुमारी, मुखिया सहित कइयन गाे आउर गणमान्य लोग उपस्थित रहे।

Read Also: Jamui Train Accident : मालगाड़ी बेपटरी भइला से आजो रेल परिचालन ठप, 17 ट्रेन डायवर्ट आ 13 रद्द; यात्री हलकान 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-