Odisha Train Accident : ओडिशा में पटरी से उतरल चेन्नई-न्यू जलपाईगुड़ी एक्सप्रेस, धीमा रफ्तार बचवलस यात्रियन के जान

Odisha train accident as Chennai New Jalpaiguri Express derails near Jajpur Road station

Share

भुवनेश्वर। ओडिशा में चेन्नई-न्यू जलपाईगुड़ी-चेन्नई सेंट्रल एक्सप्रेस के तीन डिब्बा जाजपुर रोड स्टेशन के जखपुरा लगे पटरी से उतर गइल। ओह समय लाइन पs मरम्मत के काम चलत रहे, एकरा चलते ट्रेन के रफ्तार बहुते धीमा रहे। धीमा चाल होखला के चलते एह हादसा में कवनो यात्री के घायल होखे के खबर नइखे मिलल बा।

घटना के जानकारी मिलतही राहत आ बचाव काम तुरंत सुरू कइल गइल। राहत-बचाव खातिर भद्रक से एगो टीम भेजल गइल बा। एह घटना के बाद कुछ ट्रेन सेवा पs असर पड़ल बा आ कुछ गाड़ियन के आवाजाही बाधित भइल बा।

डिब्बा के दोबारा पटरी पे चढ़ावे के काम

मिलल जानकारी के मोताबिक, आज सबेरे करीब 8:50 बजे ई घटना भइल। ट्रैक चेंज करे के दौरान एगो एसी कोच आ दुगो सामान्य डिब्बा पटरी से उतर गइल। फिलहाल तीनो डिब्बा के दोबारा पटरी पs चढ़ावे के काम तेजी से चल रहल बा। मवका पs जाजपुर रोड रेलवे पुलिस मवजूद बिया आ हालात पs नजर रखले बा।

पूर्व तट रेलवे के मोताबिक, रेलवे अधिकारी लगातार इस्थिति पs कड़ा निगरानी रखले बा लोग आ रेल सेवा बहाल करे के पूरा प्रयास चल रहल बा। ट्रेन पटरी से उतरे के असली कारण अभी तक साफ नइखे हो सकल। ट्रेन के आगे के दू कोच सुरक्षित बा, जबकि तीन कोच एक संगे पटरी से उतर गइल।

Read Also: UPSC CSE 2026 : यूपीएससी सिविल सेवा परीक्षा खातिर आवेदन स्टार्ट, 933 रिक्त पदन ला एह डेट तक फॉर्म भरने के मवका

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-