तरबूज-खरबूज ना! गर्मी में खा लीं ई छोट-लाल फल, मिली एतना फायदा कि हर कोई पूछी सेहत के राज

Anurag Ranjan
लीची सेहत खातिर बहुते लाभदायक बा

लाइफस्टाइल डेस्क: गर्मी में अक्सर कइयन गो अइसन फूड्स मिलेला, जवन एह मौसम में हेल्दी रहे आ देह के ठंडा रखे में मदद करेला। बात जब कबो गर्मी के मौसमी फलन के होला, तs लोगन के मन में सबसे पहिले तरबूज आ खरबूज के नाम आवेला। हालांकि, एह मौसम में एगो आउर फल मिलेला, जवन स्वादिष्ट होखला के संगही सेहतो खातिर बहुते फायदेमंद होला।

हम बात कs रहल बानी, लीची के, जवना के अक्सर कइयन लोग नजरअंदाज कs देला। ओहिजा, कुछ अइसनो लोग होला, जेकरा एकर स्वाद पसंद ना आवेला। हालांकि, ई छोट लाल फल कइयन गो पोषक तत्वन से भरपूर होखला के संगे-संगे पानी से भरपूर होला। एकरा से सेहत के कइयन सारा फायदा मिलेला। आईं जानल जाव लीची के बेमिसाल फायदा-

पेट के चर्बी कम करेला

जदि रउआ अपना लटकत पेट से परसान बानी, तs लीची एकर रामबाण इलाज साबित हो सकत बा। खुद जापान में लोग फिट रहे खातिर लीची के इस्तेमाल करेला। इहां लोग लीची के छिलके आ ग्रीन टी के एक पेटेंटेड मिश्रण के इस्तेमाल करेला, तs एक्सरसाइज के बाद होखे वाला थकान आ पेट के चर्बी के कम करेला।

दिल के बनावेला हेल्दी

लीची में पावल जाये वाला एपिकैटेचिन आ पॉलीफेनॉल हार्ट हेल्थ खातिर बहुते फायदेमंद होला। ई हार्ट हेल्थ के मजबूत बनावे के संगे-संगे हार्ट हेल्थ आ कैंसर के खतरा के कम कs सकत बा।

विटामिन सी से भरपूर

लीची में विटामिन-सी के भरपूर मात्रा पावल जाला, जवन स्किन के हेल्दी बनावे में मदद करेला। संगही विटामिन सी के सेवन कइला से स्ट्रोक के खतरा 42% तक कम हो जाला।

एनर्जी के पावरहाउस

लीची में पावल जाये वाला विटामिन-ई सनबर्न के ठीक करे में मदद करेला आ स्किन के हेल्दी आ चमकदार बनाके रखेला।

लिवर कैंसर से बचावेला

साइंटिफिक जर्नल कैंसर लेटर्स के एगो रिपोर्ट के मोताबिक लीची अपना कैंसर विरोधी गुणन के कारण लिवर कैंसर से लड़े में मदद कs सकत बा।

हड्डियन के मजबूत बनावे

एमे आयरन, कॉपर, कैल्शियम आदि के अच्छा खासा मात्रा होला, जवना के कारण लीची हड्डियन के मजबूत बनावे आ कैल्शियम अवशोषण में सुधार करे में मदद करेला।

Read Also: ED Report: 20 साल में 1.55 लाख करोड़ के संपत्ति अटैच, 100 पीएमएलए अदालत, एकरा बादो ममिलन में हो रहल बा देरी

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment