Tarrif : ‘50% ना, अब भारत पs खाली 18% टैरिफ लागी…’, ट्रंप के एलान के बाद आइल व्हाइट हाउस के बड़ बयान

Share

नई दिल्ली। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप भारत पs लगावल जाए वाला टैरिफ में बड़ कटौती के एलान कइले बाड़ें। सोमार के रात ट्रंप खुद बतवलें कि भारत पs लागे वाला 25 फीसदी टैरिफ घटा के अब 18 फीसदी कइल जाई। हालांकि ओह समय ई साफ ना रहे कि भारत पs लगावल गइल अतिरिक्त 25 फीसदी टैरिफ के का होई।

अब व्हाइट हाउस के एगो सीनियर अधिकारी साफ कs देले बाड़ें कि अमेरिका भारत पs लगावल गइल अतिरिक्त 25 फीसदी टैरिफो के पूरा तरे हटा दी। न्यूज एजेंसी एएनआई के मोताबिक, व्हाइट हाउस के अधिकारी बतवलें कि भारत रूसी तेल के खरीद में भारी कमी कइले बा, एह कारण अमेरिका ई फैसला लेले बा।

रूसी तेल के खरीद पूरा तरे बंद करी भारत

व्हाइट हाउस अधिकारी के कहनाम बा कि समझौता के तहत भारत रूसी तेल के खरीद खाली कम ना करी, बलुक एकदमे बंद कs दी। अधिकारी कहलें कि भारत अब अमेरिका आ वेनेजुएला से जादे तेल खरीदी पs जोर दी। एह डेग से भारत-अमेरिका बेयपारिक रिश्ता आउर मजबूत होई।

ट्रंप पहिले ट्रूथ सोशल पs पोस्ट कs के भारत से टैरिफ हटावे आ कथित ट्रेड डील के जानकारी साझा कइले रहलें। ट्रंप लिखले रहस, “आज सबेरे भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से बात कs के हमरा बहुते सम्मान महसूस भइल। ऊ हमार सबसे बढ़िया दोस्तन में से एगो बाड़ें। हमनी के ट्रेड, रूस-यूक्रेन युद्ध सहित कइयन गो अहम मुद्दन पs चरचा कइनी सs। ऊ रूसी तेल किनल बंद करे आ अमेरिका से जादे तेल किने पs सहमत भइल बाडें।”

पीएम मोदी के प्रतिक्रिया

ट्रंप के एलान के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के टैरिफ घटे के जानकारी देलें। पीएम मोदी लिखलें, “आज आपन प्यारा दोस्त राष्ट्रपति ट्रंप से बात कs के बहुते अच्छा लागल। खुसी के बात कि अब ‘मेड इन इंडिया’ प्रोडक्ट्स पs टैरिफ घटा के 18 फीसदी कइल जाई। एह सानदार फैसला खातिर भारत के 1.4 अरब जनता के तरफ से राष्ट्रपति ट्रंप के दिल से धन्यवाद।”

Read Also: Manipur : सरकार गठन के तइयारी तेज, दिल्ली में NDA के बैठक, 12 फरवरी के खत्म होई राष्ट्रपति शासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-