Noida Airport : नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट से ऐतिहासिक उड़ान, CM योगी आ राज्यपाल आनंदी बेन के संगे पहिला फ्लाइट रवाना

Share

ग्रेटर नोएडा। जेवर के नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट से विमान के पहिला ऐतिहासिक उड़ान भइल। ई विमान उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ खातिर रवाना भइल।

उत्तर प्रदेश सरकार के एह हॉकर-900 विमान में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ राज्यपाल आनंदीबेन पटेल बइठ के उड़ान भरल लोग।

पीएम मोदी कइलें उद्घाटन

एकरा से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी में एशिया के सबसे बड़ एयरपोर्ट के उद्घाटन भइल। नोएडा एयरपोर्ट बनला से इलाका के कनेक्टिविटी आउर बेहतर होई।

कार्यक्रम के दौरान पीएम मोदी कहलें कि आज हमनी के विकसित भारत आ विकसित यूपी के नया अध्याय सुरू करत बानी सs।

प्रदेश के विकास के नया पहचान

आज यूपी देस के सबसे जादे इंटरनेशनल एयरपोर्ट वाला राज्यन में से एगाे बन गइल बा। पीएम मोदी कहलें कि एकरा पs दूगो गरब के बात बा- पहिला शिलान्यास करे के मवका, दूसरका उद्घाटन के मवका।

ओहिजा, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट प्रदेश के विकास के नया पहचान हs। ऊ कहलें कि ई परियोजना डबल इंजन सरकार के तेजी आ प्रधानमंत्री के विजन के परिणाम बा, जवन प्रदेश के ग्लोबल एविएशन मैप पs स्थापित करी।

Read Also: Supreme Court : दुष्कर्म ममिला में पीड़िता के पहचान उजागर के लेके कड़ा रुख, सब हाईकोर्ट के मिलल सख्त निरदेस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-