नई दिल्ली। संसद में लगातार चल रहल गतिरोध के बीच अब विपक्ष लोकसभा स्पीकर ओम बिरला के खिलाफ सीधा मोरचा खोल देले बा। विपक्ष स्पीकर के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव ले आवे के फैसला कइले बा। मंगर के दिन लोकसभा सचिवालय में स्पीकर ओम बिरला के हटावे खातिर अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस जमा कइल गइल। कांग्रेस सांसद गौरव गोगोई बतवलें कि संविधान के अनुच्छेद 94(सी) के तहत ई नोटिस दिहल गइल बा।
मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, एह नोटिस पs कुल 118 विपक्षी सांसदन के हस्ताक्षर बा। एमे कांग्रेस, समाजवादी पार्टी आ डीएमके जइसन पार्टी के सांसद सामिल बा लोग। हालांकि तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के सांसद एह नोटिस में सामिल नइखे लोग आ ना हस्ताक्षर कइले बा लोग।
नोटिस में विपक्ष आरोप लगवले बा कि लोकसभा स्पीकर लगातार विपक्षी सांसदन के जनहित से जुड़ल मुद्दा उठावे से रोक रहल बाड़ें। विपक्ष के कहनाम बा कि स्पीकर खुला तौर पs पक्षपात करत बाड़ें आ सरकार के दबाव में काम करत बाड़ें। नोटिस में इहो आरोप लगावल गइल बा कि विपक्ष के आठ सांसदन के मनमाना तरीका से निलंबित कइल गइल, जबकि ऊ लोग लोकतांत्रिक अधिकार के तहत सवाल उठा रहल बा।
विपक्ष के कहनाम बा कि कइयन मवका पs विपक्षी नेता के बोलही ना दिहल गइल, जबकि सदन में बोले के अधिकार हर सांसद के मौलिक अधिकार हs। कांग्रेस सांसद आ चीफ व्हिप के सुरेश कइयन विपक्षी पार्टियन के ओर से ई नोटिस सउपले बाड़ें।
राहुल गांधी के सदन में ना बोले देवे के मुद्दा पs विपक्ष लगातार हंगामा कs रहल बा। विपक्ष के आरोप बा कि सरकार के दबाव में स्पीकर राहुल गांधी के बोले से रोकलें। एह विवाद के बाद प्रधानमंत्री मोदी के लोकसभा संबोधन टाल दिहल गइल। स्पीकर के बयान पs विपक्ष कड़ा एतराज जतावत उनका पs पक्षपाती रवइया अपनावे के आरोप लगवले बा।
Read Also: ED Summon : मनी लॉन्ड्रिंग केस में टीना अंबानी से ईडी करी पूछताछ, नया समन भेजे के तइयारी







