Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नीतीश कुमार के मिलल PM के ऑफर बाकिर…’ JDU नेता के बयान से मचल सियासी खलबली

2,431

लोकसभा चुनाव में बहुमत के आंकड़ा के छूवे में भाजपा असफल रहल। हालांकि एनडीए सरकार बनावे खातिर जेडीयू आ टीडीपी भाजपा के समर्थन कइले बा। चुनाव में जेडीयू के 12 लोकसभा सीट मिलल बा। उहे टीडीपी के 16 सीट प्राप्त भइल बा। आईएनडीआई गठबंधन के सूत्रधार रह चुकल नीतीश कुमार साफ तौर पs कह देले बाड़े कि उऽ एह एनडीए सरकार के आपन समर्थन देत रहिहें।

जवन नेता लो नीतीश कुमार के आईएनडीआई गठबंधन के राष्ट्रीय संयोजक बनावे से इनकार कऽ देले रहे , उऽ उनका के प्रधानमंत्री बने के प्रस्ताव दे रहल बा’ केंद्र में सरकार गठन से पहिले जेडीयू नेता केसी त्यागी के एह बयान ने सियासी खलबली मचा देले बा।

एगो समाचार पत्र के इंटरव्यू देत घरी कहले कि चुनाव नतीजा सामने आवे के बाद आईएनडीआई गठबंधन के नेता लो के ओर से नीतीश के प्रधानमंत्री पद के ऑफर दिहल गइल, बाकिर उऽ ओकरा के मना कऽ देले।

विपक्षी गठबंधन के सूत्रधार रह चुकल बाड़े नीतीश कुमार

बता दी कि लोकसभा चुनाव में बहुमत के आंकड़ा के छूवे में भाजपा असफल रहल। हालांकि, एनडीए सरकार बनावे खातिर जेडीयू आ टीडीपी भाजपा के समर्थन कइले बा। चुनाव में जेडीयू के 12 लोकसभा सीट मिलल बा। उहे टीडीपी के 16 सीट प्राप्त भइल बा। आईएनडीआई गठबंधन (I.N.D.I.A. Alliance) के सूत्रधार रह चुकल नीतीश कुमार साफ तौर पs कह देले बाड़े कि उऽ एह एनडीए सरकार के आपन समर्थन देत रहिहें।

भाजपा में मिल रहल बा जेडीयू के सम्मान: केसी त्यागी 

केसी त्यागी आगे कहले कि आईएनडीआई गठबंधन के नेता लो के ओर से नीतीश कुमार के साथे कइल गइल दुर्व्यवहार के वजह से उऽ विपक्ष से रिश्ता तुड़ लेले बाड़े। उहे,जेडीयू के भाजपा सम्मान दे रहल बिया।

अग्निवीर योजना पऽ फेर से विचार करे के जरूरत: केसी त्यागी 

बतावत चली कि जेडीयू देश के दू बड़ विषयन पs आपन रुख स्पष्ट कइले बा। उऽ सेना में भर्ती वाली अग्निवीर योजना के समीक्षा आ समान नागरिक संहिता पs सब राज्यन से बातचीत के पक्ष में बा। जदयू के अपेक्षा राष्ट्रीय स्तर पs जाति आधारित गणना कराहू के बा।

केसी त्यागी कहले कि अग्निवीर योजना के काफी विरोध भइल। लोकसभा चुनावो में एकर असर देखल गइल बा। एही खातिर एपर फेर से विचार करे जरूरत बा।

859370cookie-checkनीतीश कुमार के मिलल PM के ऑफर बाकिर…’ JDU नेता के बयान से मचल सियासी खलबली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.