नीतीश कुमार नियन चंद्रबाबू नायडू भी पीएम मोदी के झुक के प्रणाम कइले, बाकी पीएम मोदी तुरंत उनका के गले लगा लेले

Raj Nandani

चंद्रबाबू नायडू अब आंध्र प्रदेश के नया हीरो बन गइल बाड़न । राज्यपाल एस अब्दुल नजीर उनका के मुख्यमंत्री के शपथ देले। एह दौरान नायडू बहुत भावुक हो गइले आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात के बाद उनकर गोड़ छूवे खातीर झुकले। हालांकि पीएम मोदी उनका के रोक के तुरंत गले लगा लिहले।

चंद्रबाबू नायडू अब आंध्र प्रदेश के नया हीरो बन गइल बाड़न । तेलुगु देशम पार्टी के अध्यक्ष बुधवार के आंध्र के मुख्यमंत्री के शपथ लेले। कई गो हस्ती आ लाखों लोग के मौजूदगी में राज्यपाल एस अब्दुल नजीर उनका के पद आ गोपनीयता के शपथ देले। एह दौरान नायडू भावुक हो गइलन आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से भेंट कइला का बाद उनका गोड़ के ओर झुकत लउकलन । हालांकि पीएम मोदी उनका के रोक के तुरंत गले लगा लिहले।

आंध्र के ई तस्वीर बिहार के सीएम नीतीश कुमार के याद के याद दिलावत रहे। असल में पिछला बियफे के दिने एनडीए सांसदन के बइठक चलत रहे। एही बीच बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना कुर्सी के ओर बढ़त रहले कि पीएम नरेंद्र मोदी के गोड़ छूवे खातीर हाथ बढ़ा देले, बाकी पीएम मोदी उनकर हाथ पकड़ लेले।

शपथ लेला के बाद चंद्रबाबू नायडू भावुक देखाई देले

आज आंध्र में भइल शपथ ग्रहण समारोह के बात करत एहिजा 74 बरीस के नायडू दर्शकन के जोरदार जयकारा का बीच तेलुगु में पद आ गोपनीयता के शपथ लिहलन । एकरा बाद प्रधानमंत्री मोदी उनका के बधाई देवे खातीर गुलदस्ता भेंट कइले। एह दौरान नायडू काफी भावुक देखाई देले आ लागल कि ऊ पीएम के गोड़ छूवे खातीर तनी झुक गइले। हालांकि पीएम मोदी तुरंत उनका के गले लगा लिहले। फेरु नायडू लवट के आपन पत्नी भुवनेश्वरी के बगल में आपन कुर्सी पs बईठ गइले।

पवन कल्याण भाई चिरंजीवी के गोड़ छू लिहले

सीएम नायडू के संगे शपथ लेबे वालन में एगो अउरी बड़ नाम रहे साउथ के सुपरस्टार पवन कल्याण । जनसेना के मुखिया कल्याण के आंध्र के डिप्टी सीएम बनावल गइल बा । मंत्री के शपथ लेला के बाद पवन कल्याण अपना बड़ भाई मेगास्टार चिरंजीवी के लगे जाके उनकर गोड़ छू लिहले।

एकरा बाद चंद्रबाबू नायडू के बेटा नारा लोकेश भी मंत्री के शपथ लेले। एकरा बाद टीडीपी के महासचिव लोकेश अपना पिता प्रधानमंत्री मोदी आ राज्यपाल के आशीर्वाद लेले।

 जनसेना के 3 मंत्री आ भाजपा के एक मंत्री भी शपथ लेले

विजयवाड़ा के गन्नावरम हवाई अड्डा के लगे केसरपल्ली आईटी पार्क में आयोजित एह समारोह में एनडीए के कुल 24 मंत्री शपथ लेले। मंत्रियन में जनसेना के तीन गो आ भाजपा के एगो मंत्री बाड़े ।

एह मौका पर पूर्व उपराष्ट्रपति एम. वेंकैया नायडू, भारत के पूर्व मुख्य न्यायाधीश एन.वी. रमनना, केंद्रीय मंत्री अमित शाह, जे.पी. नड्डा, नितिन गडकरी, राम मोहन नायडू, पेम्मासानी चंद्रशेखर, चिराग पासवान, किशन रेड्डी, रामदास अथवले, महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे, प्रदेश भाजपा अध्यक्ष डी. पुरंदेश्वरी मौजूद रहे। मंच पर सुपरस्टार रजनीकांत, चिरंजीवी, लोकप्रिय अभिनेता आ टीडीपी विधायक एन. बालकृष्ण भी मौजूद रहे।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया चित्रकार, लेखिका आ भोजपुरी नवहा जेकर तन-मन अपना माई भाखा खातिर समर्पित बा। खबर भोजपुरी के पाठकन खातिर हम एहिजा देस-दुनिया, सिनेमा, राजनीति, स्वास्थ आ भोजपुरिया क्षेत्र के खबर रउआ सभे खातिर लेके आवेनी। रउआ सभे हमरा से rajnandani0021@gmail.com पs संपर्क कs सकेनी।