[the_ad_group id="30365"]

Bihar : मदरसा में बम धमाका, छात्रा गेंद समझ के उठा लिहलस, मौलाना फेंके के कोशिश कइलस बाकी विस्फोट हो गइल,

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव मंगला बतवले कि बम विस्फोट में दु लोग गंभीर रूप से घवाइल होखे के खबर बा। फिलहाल पुलिस मामला के जांच में व्यस्त बिया। कुछ लोग से पूछताछ हो रहल बा।

छपरा के गडखा थाना क्षेत्र के मोतीराजपुर गांव में स्थित मदरसा में अचानक धमाका हो गइल। एहमें मदरसा के मौलाना आ ओकर विद्यार्थी गंभीर रूप से घायल हो गइल । विस्फोट के गूंज से आसपास के इलाका में दहशत मच गइल। स्थानीय लोग दुनो लोग के सदर अस्पताल में भर्ती करवले। इहाँ से दुनो के बेहतर इलाज खातीर पटना के पीएमसीएच रेफर क दिहल गइल बा। दुनु जाना एके मदरसा में रहत रहले। मड़हौरा थाना क्षेत्र के ओलहानपुर गांव के निवासी मौलाना इमामुद्दीन आ 15 साल के नूर आलम के रूप में भईल। नूर मुजफ्फरपुर जिला के निवासी हवें।

हम बम के गेंदा समझ के उठा लेहलख 

स्थानीय गांव के लोग बतवले कि मदरसा में पढ़त नूर आलम मदरसा के पीछे हाथ में गोला निहन बम उठा के भीतर आ गइले। ओकरा बाद हाथ में बम देख के मौलाना हाथ में फेंके वाला रहले कि नूर आलम के गोड़ प गिर गइल। एह घटना में नूर आलम के गोड़ आ मौलाना के हाथ फाट गइल। हालांकि कुछ लोग चुपचाप लहजा में इहो कह रहल बा कि एह घटना में बम लगावल गइल ।

सारण पुलिस मामला के जांच शुरू क देलस

बुधवार के रात भइल ए घटना के बाद जिला प्रशासन में हलचल मच गइल बा। स्थानीय पुलिस ए मामला के छानबीन शुरू क देले बिया। एह बम विस्फोट के पुष्टि सारण के पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव मंगला कइले बाड़न । पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव मंगला बतवले कि प्राइमा फेसी में बम विस्फोट पटाखा फैक्ट्री के चलते भइल लागता। दू जने के गंभीर रूप से घायल होखे के खबर बा। फिलहाल पुलिस मामला के जांच में व्यस्त बिया।

दु लोग के गंभीर हालत में पीएमसीएच रेफर क दिहल गइल 

ए मामला में गडखा थाना प्रभारी शशि रंजन बतवले कि मोतीराजपुर गांव में स्थित मदरसा परिसर में बम विस्फोट के जानकारी मिलल बा। जवना में मदरसा के 40 साल के मौलाना इमामुद्दीन आ 15 साल के नूर आलम बहुत घायल हो गइले। जिनकर इलाज निजी अस्पताल में हो रहल बा। जदी सूत्र प विश्वास कइल जाए त दुनो घायल के निजी अस्पताल से पीएमसीएच रेफर क दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]