Nitin Gadkari Faints: यवतमाल में भाषण देत मंच पऽ अचानक बेहोश भइले नितिन गडकरी, सेहत के लेके केंद्रीय मंत्री देले अपडेट

Share

Nitin Gadkari Faints: महाराष्ट्र के यवतमाल में केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी भाषण देत घरी मंच पऽ अचानक बेहोश होके गिर गइले। मंच पऽ मौजूद लोग उनका के उठवलस आ तुरंत इलाज खातिर अस्पताल ले गइल।

दरअसल लोकसभा चुनाव के देखत  गडकरी यवतमाल के पुसद में एगो जनसभा के संबोधित करत रहले। मंच पऽ बोले के दौराने उऽ अचानक लड़खड़ा के गिर गइले। फेर उहाँ आसपास मौजूद लोग तुरत उनका के सम्हरलस। आ इलाज खातिर अस्पताल ले गइल।

गडकरी के दिहल गइल चिकित्सक सहायता

कई पार्टी कार्यकर्ता लो के नितिन गडकरी के चेहरे पऽ पानी छिड़कत आ उनका के मंच से दूर ले जात देखल गइल। पहिला चरण के चुनाव में नागपुर से भाजपा के उम्मीदवार गडकरी महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना नेता राजश्री पाटिल खातिर प्रचार करत रहले, जे यवतमाल-वाशिम लोकसभा सीट से सत्तारूढ़ महायुति गठबंधन के उम्मीदवार बाड़न।

तबीयत ठीक होखला के बाद गडकरी लिखले ई बात

तबीयत ठीक होखला के बाद नीतिन गडकरी x (पूर्व में ट्विटर) पऽ आपन सेहत के लेके अपडेट देले। उऽ पोस्ट कर के लिखले –

‘रैली के दौरान गर्मी के वजह से असहज महसूस कइनी। बाकिर अब पूरा तरह से स्वस्थ बानी। अगिला सभा में सम्मिलित होखे वरूड खातिर निकल रहल बानी। राउर स्नेह आ शुभकामना खातिर धन्यवाद।’

बता दी कि महाराष्ट्र के बुलढाणा, अकोला, अमरावती, वर्धा, हिंगोली, नांदेड़ आ परभणी के साथे यवतमाल में 26 अप्रैल, शुक के लोकसभा चुनाव के दूसरका चरण में मतदान होखे के बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-