Nimisha Priya : यमन में भारतीय नर्स निमिषा प्रिया के सजा टलल; हत्या के ममिला में दिहल जाये के रहे फांसी

Indian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder caseIndian nurse Nimisha Priya receives stay on execution in Yemen murder case

Share

सेंट्रल डेस्क। केरल के रहे वाली भारतीय नर्स निमिषा प्रिया के यमन में होखे वाली फांसी के सजा टल गइल बा। निमिषा प्रिया के 16 जुलाई के अपना बिजनेस पार्टनर तलाल अब्दो महदी के हत्या के ममिला में फांसी के सजा दिहल जाये के रहे। केरल के प्रभावशाली सुन्नी मुस्लिम नेता कंथापुरम ए पी अबूबकर मुसलियार आ भारत सरकार के हस्तक्षेप से हो रहल बातचीत के बाद यमन के स्थानीय अधिकारी निमिषा के सजा स्थगित कs देले बा लो।

बतावल जा रहल बा कि भारत सरकार हाल के दिनन में निमिषा प्रिया  के परिवार के दूसरका पक्ष के संगे आपसी सहमति से समाधान निकाले खातिर आ समय देवे खातिर लगातार प्रयास कइलें। भारतीय अधिकारी यमन के जेल अधिकारियन आ अभियोजक कार्यालय के संगे नियमित संपर्क में रहल बा लो।

बता दीं कि निमिषा प्रिया पs आरोप बा कि उ साल 2017 में अपना यमनी बिजनेस पार्टनर तालाल अब्दो महदी के हत्या कइले रहली। एह ममिला में उनका के 2020 में मौत के सजा सुनावल गइल रहे आ उनकर अंतिम अपील 2023 में खारिज हो गइल। 16 जुलाई 2025 के उनका के फांसी देवे के तारीख तय कइल गइल रहे। फिलहाल निमिषा यमन के राजधानी सना के जेल में बंद बाड़ी।

पिछलका दिनन सुप्रीम कोर्ट में निमिषा के फांसी के सजा रुकवावे के मांग के लेके दायर याचिका पs सुनवाई भइल रहे। सुप्रीम कोर्ट में सरकार के ओर से अटॉर्नी जनरल (एजीआई) कहलें कि भारत सरकार प्रिया के मदद खातिर हर संभव प्रयास कs रहल बा। उ बतवलें कि बातचीत जारी रहे तक प्रिया  के ममिला के देख रहल सरकारी वकील सहित यमन के अधिकारियन के संगे फांसी के आदेस के निलंबित करे खातिर बातचीत चल रहल बा।

Read Also: UPSC CSE Mains 2025: यूपीएससी मुख्य परीक्षा के टाइम टेबल जारी, 22 से 31 अगस्त तक दु शिफ्टन में होई एग्जाम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-