टेक्नोलॉजी डेस्क। Google आपन फोटो ऐप Google Photos खातिर एगो मजेदार आ नया फीचर रोलआउट कs रहल बा, जवना से यूजर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) के मदद से आपन तस्वीरन के मीम में बदल सकत बा। एह नया फीचर के नाम Me Meme रखल गइल बा। एह टूल के मदद से यूजर आपन फोटो के संगे मजेदार भा हालात से जुड़ल टेक्स्ट जोड़ सकत बा लोग।
एह फीचर के घोषणा पहिलही अक्टूबर 2025 में कइल गइल रहे, बाकिर करीब तीन महीना के लमहर इंतजार के बाद अब ई फीचर धीरे-धीरे रोलआउट कइल जा रहल बा। Me Meme, Google Photos में मवजूद बाकी क्रिएटिव फीचर जइसे फोटो एडिटिंग, वीडियो टूल्स, रीमिक्स कंटेंट आ कोलाज के लिस्ट में एगो नया एडिशन हs।
Google साफ कs देले बा कि ई फीचर पूरा तरे ऑप्शनल बा। मतलब ई तबे काम करी जब यूजर खुद फोटो चुनी। ई टूल अपने से कवनो कंटेंट ना बनावेला। Google के मोताबिक, Me Meme खास तौर पs शेयरिंग खातिर डिजाइन कइल गइल बा।
हाले में Google आपन सपोर्ट पेज पs कम्युनिटी मैनेजर के माघ्यम से एह फीचर के जानकारी साझा कइले बा। Me Meme, Google Photos के अंदर बढ़त क्रिएटिव टूल्स के हिस्सा बा, जवना से यूजर आपन इयादन के संगे मजा ले सकत बा लोग। एह टूल से यूजर कवनो फोटो चुन के ओकरा पs पॉपुलर मीम स्टाइल में रेडीमेड टेक्स्ट लगा सकत बा। चाहे तs यूजर कैप्शन बदल सकेला भा मजाक के हिसाब से आपन खुद के मीम स्टाइल अपलोड कs सकेला।
Google एहु बात पs जोर देले बा कि प्राइवेसी पूरा यूजर के कंट्रोल में रहे। Me Meme खाली ओह फोटो पs काम करेला, जवन यूजर खुद चुनेला। बनावल गइल मीम तबे सेव भा शेयर होखेला जब यूजर खुद फैसला करे। फिलहाल ई फीचर खाली यूनाइटेड स्टेट्स में एक्टिव बा।
Me Meme से मीम कइसे बनाईं?
Google Photos पs Me Meme इस्तेमाल करे के तरीका-
- आपन फोन में Google Photos ऐप खोलीं
- कवनो साफ फोटो भा पोर्ट्रेट इमेज सेलेक्ट करीं
- Create भा Meme ऑप्शन पs टैप करीं
- लिस्ट में से मीम टेम्प्लेट चुनीं भा खुद के टेम्प्लेट अपलोड करीं
- जरूरत अनुसार टेक्स्ट एडिट करीं
- अब बस, कुछ सेकेंड में आपन फोटो मजेदार मीम में बदल जाई









