[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : चुनाव प्रबंधन में समस्तीपुर के बड़ उपलब्धि, डीएम रोशन कुशवाहा के राष्ट्रपति के हाथन से मिलल सम्मान

Samastipur DM Roshan Kushwaha awarded for excellent election management in Bihar Assembly Election 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समस्तीपुर। बेहतर चुनाव प्रबंधन आ सूचना प्रौद्योगिकी के प्रभावी इस्तेमाल से शांतिपूर्ण विधानसभा चुनाव संपन्न करावे खातिर समस्तीपुर के जिलाधिकारी रोशन कुशवाहा के राष्ट्रीय स्तर पs सम्मानित कइल जाई। ई समस्तीपुर जिला खातिर बहुते गरब के बात बा कि चुनाव प्रबंधन में उत्कृष्ट काम करे खातिर राष्ट्रीय पुरस्कार मिल रहल बा।

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में बेहतरीन चुनाव प्रबंधन करे के चलते समस्तीपुर जिला के चयन भइल बा। एह उपलब्धि खातिर डीएम रोशन कुशवाहा के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के हाथन से सम्मान प्राप्त होई। चुनाव के दौरान जिला प्रशासन के सानदार प्रदर्शन, मजबूत प्रबंधन बेवस्था, आईटी आधारित पहल, बेहतर सुरक्षा इंतजाम आ चुनाव संचालन में कइल गइल नवाचारन के देखत ई राष्ट्रीय सम्मान देवे के फैसला भइल बा।

ई सम्मान राष्ट्रीय मतदाता दिवस 2026 के अवसर पs दिहल जाई। एह दिन राष्ट्रपति जिला निर्वाचन पदाधिकारी सह जिलाधिकारी रोशन कुशवाहा के सम्मानित करिहें। राष्ट्रीय मतदाता दिवस पs दिहल जाये वाला ई पुरस्कार भारतीय चुनाव प्रणाली के मजबूती, चुनाव सुधार, तकनीकी तरक्की आ चुनाव प्रबंधन में कइल गइल नया-नया प्रयोगन के उजागर करे के उद्देश्य से दिहल जाला।

एह संबंध में डीएम रोशन कुशवाहा कहलें कि ई सम्मान कवनो एगो व्यक्ति के ना, बलुक पूरा समस्तीपुर जिला के सम्मान बा। ऊ चुनाव प्रक्रिया में सहजोग देवे वाला सब अधिकारी, कर्मचारी आ आम नागरिकन के धन्यवाद देत कहलें कि ई उपलब्धि सबके सामूहिक मेहनत आ सहजाेग के नतीजा बा। उनका अनुसार, टीमवर्क आ जनता के सहजोग से समस्तीपुर एतना बड़ मुकाम हासिल कs सकल बा।

Read Also: Kamaal R Khan : रिहायशी बिल्डिंग पs गोली चलावे के आरोप में कमाल आर खान गिरफ्तार, खुद मान लेलें गलती

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]