सेंट्रल डेस्क। नेपाल के पूर्वी हिस्सा में बसल खोटांग जिला से एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। इहां एयर डायनेस्टी कंपनी के एगो हेलीकॉप्टर लैंडिंग के दौरान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। ई हेलीकॉप्टर काठमांडू से एगो शव लेके खोटांग पहुंचल रहे। हादसा के समय हेलीकॉप्टर में पायलट सहित कुल छव लोग सवार रहे। राहत के बात ई बा कि एह घटना में केहू के जान ना गइल, हालांकि एगो यात्री के हलुका चोट लागल बा।
मिलल जानकारी के मोताबिक, ई हादसा करीब 11 बजके 51 मिनट पs भइल। एयर डायनेस्टी के हेलीकॉप्टर 9एन-एएसक्यू खोटांग जिला में उतरे के कोसिस करत रहे, तबे ऊ असंतुलित होके जमीन पs गिर पड़ल। खोटांग के मुख्य जिला अधिकारी रेखा कंडेल बतवली कि हेलीकॉप्टर में सवार सब लोग सुरक्षित बा आ खाली एगो आदमी के मामूली चोट लागल बा।
तेज हवा से बिगड़ल संतुलन
मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, लैंडिंग के समय उहां तेज हवा चलत रहे। धूल आ तेज हवा के चलते पायलट के हेलीकॉप्टर उतारला में दिक्कत भइल आ ई हादसा हो गइल। कंपनी के मोताबिक, पायलट सबिन थापा हेलीकॉप्टर उड़ावत रहलें। कंपनी अपना बयान में कहलस कि पायलट आ बाकी यात्री पूरा तरे सुरक्षित बा लोग। हादसा के पूरा जांच के आदेस दे दिहल गइल बा।
हादसा के खबर मिलतही प्रशासन तुरंते राहत आ बचाव कार्य सुरू कs देलस। घायल यात्री के अस्पताल पहुंचावे खातिर आ रेस्क्यू खातिर कंपनी दोसर हेलीकॉप्टर भेजले बा। बाकी यात्री आ पायलट के सुरक्षित जगह पs ले जाइल गइल बा। पुलिस आ स्थानीय अधिकारी मवका पs पहुंच के हालात के जायजा लेलें।








