उत्तराखंड। नेपाल बॉर्डर के इलाका में बड़ हादसा हो गइल। बरातियन से भरल बस गहिराह खाई में गिर गइल, एह हादसा में 13 लोगन के मौत हो गइल आ 34 लोग घायल हो गइल। घायल लोगन में कइयन के हालत नाजुक बतावल जा रहल बा।
भारत सीमा से सटल नेपाल के बैतडी जिला में बैतडी से बजांग जात बरात के बस दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। बियफे के रात बैतडी के पुरचूंणी नगरपालिका के सात भवने गांव से दुल्हिन लेके बजांग के सुनकुडा जात बस पुरचूंणी के बड़गांव मोड़ लगे अनियंत्रित होके करीब 150 मीटर गहिराह खाई में गिर गइल।
जिला प्रहरी कार्यालय बैतडी के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी निरीक्षक बलदेव बडू बतवलें कि रात में नेपाल एपीएफ, प्रहरी आ स्थानीय लोगन के मदद से यात्रियन के रेस्क्यू कइल गइल।
13 बरिस के मासूम के गइल जान
एह हादसा में मरे वाला लोगन में बजांग बित्थड चीर गांव पालिका निवासी केशव राज जोशी (40), अशोक राज जोशी (13), बसंत राज जोशी (35), विष्णु दत्त जोशी (41), नरेश राज जोशी (42), बिशन दत्त जोशी (17), दीपक जोशी (28), किशन जोशी (46), बजांग केदारस्यु गांव पालिका निवासी मोहन देव भट्ट (60), केशव भट्ट (27), बजांग जय पृथ्वी नगरपालिका निवासी बसंत राज रतला (40), बैतडी पुरचूंणी नगरपालिका निवासी पुष्पा अवस्थी (40) आ सुशील जोशी सामिल बा लोग।
प्रहरी प्रवक्ता बतइलें कि हादसा के जगह पs छव बरातियन के मौत हो गइल रहे। पांच बरातियन के डडेलधुरा अस्पताल में आ दु लोगन के कोटिला अस्पताल में इलाज के दौरान जान चल गइल। घायल लोगन में कुछ बरातियन के हालत अभियो गंभीर बतावल जा रहल बा।
बतावल जा रहल बा कि बस में जरूरत से जादे बराती सवार रहे लोग। चढ़ाई चढ़ला के दौरान बस ऊपर ना जा सकल आ अनियंत्रित होके खाई में गिर गइल। 25 घायल बरातियन के डडेलधुरा अस्पताल में भरती करावल गइल बा, जबकि पांच गंभीर घायलन के धनगढी भेजल गइल बा।
Read Also : Congress : पीएम मोदी के भाषण पs खरगे के हमला, कहलें- 97 मिनट बोललें बाकिर ठोस बात कुछो ना रहल







