Congress : पीएम मोदी के भाषण पs खरगे के हमला, कहलें- 97 मिनट बोललें बाकिर ठोस बात कुछो ना रहल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2026

नई दिल्ली। संसद के बजट सत्र के दौरान 4 फरवरी के लोकसभा में प्रधानमंत्री के भाषण रद्द हो गइल रहे। एकरा बाद बियफे के सांझ पीएम नरेंद्र मोदी राज्यसभा में राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद

Share

नई दिल्ली। संसद के बजट सत्र के दौरान 4 फरवरी के लोकसभा में प्रधानमंत्री के भाषण रद्द हो गइल रहे। एकरा बाद बियफे के सांझ पीएम नरेंद्र मोदी राज्यसभा में राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव पs जवाब देलें। पीएम मोदी राज्यसभा में करीब 97 मिनट तक बोललें। एह दौरान विपक्षी सांसद भाषण के समय वॉकआउट कइल लोग।

अब पीएम मोदी के एह भाषण पs कांग्रेस अध्यक्ष आ राज्यसभा में विपक्ष के नेता मल्लिकार्जुन खरगे के प्रतिक्रिया सामने आइल बा।

‘97 मिनट में कुछो नया ना कहलें’ – खरगे

न्यूज एजेंसी एएनआई से बातचीत में खरगे पीएम मोदी पs तीखा हमला कइलें। ऊ कहलें कि झूठ बातन के बार-बार दोहरावल प्रधानमंत्री के आदत बन गइल बा। खरगे के कहनाम रहे कि 97 मिनट के भाषण में प्रधानमंत्री कवनो नया बात ना रखलें आ राष्ट्रपति के अभिभाषण पs विपक्ष जवन सवाल उठवले रहे, ओकरा पs एको जवाब ना देलें। ऊ बस 100 साल आ 75 साल के चरचा करत रहलें।

खरगे आगे सवाल उठवलें कि जब जनरल नरवणे (रिटायर्ड) के किताब प्रकाशित हो चुकल बा तs प्रधानमंत्री आ रक्षा मंत्री ओकरा से अनजान कइसे बन रहल बा लोग। रक्षा मंत्री कइसे कह सकत बाड़ें कि किताब प्रकाशिते नइखे भइल?

सिख समुदाय के अपमान के आरोप पs जवाब

खरगे कहलें कि रक्षा मंत्री एह मुद्दा पs बचाव करत रहलें। जब राहुल गांधी 2022 के चीन वाला मुद्दा उठवलें तs सरकार काहे घबरा गइल? बाद में सत्तापक्ष बस निजी हमला करत रहे आ तथ्य के आधार पs जवाब देवे में असफल रहल।

सिख समुदाय के अपमान के आरोप पs खरगे साफ कहलें कि कांग्रेस सिखन के पूरा सम्मान करेले। डॉ. मनमोहन सिंह सिख समुदाय से रहलें आ ऊ देस के प्रख्यात अर्थशास्त्री, दू बेर वित्त मंत्री आ प्रधानमंत्री रहलें। खरगे आरोप लगवलें कि मवजूदा सरकार दलित सहित कवनो वर्ग के सही सम्मान नइखे देत आ पिछिला 10 साल में कांग्रेस के गाली देवे के अलावा खास कुछो ना कइलस।

Read Also: Meerut Stamp Scam : मेरठ में 14 करोड़ के स्टांप घोटाला, हाई कोर्ट अधिकारियन के सुनवाई करे के आदेस देलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.