T20 वर्ल्ड कप में भारत के जीत पऽ नेहा सिंह राठौर के विवादित बयान, क्रिकेट प्रेमियन से लेके खिलाड़ियन तक पऽ भड़कली भोजपुरी सिंगर

Share

भारत में क्रिकेट प्रेम जगजाहिर बा। ई प्रेम तब आउरो बढ़ जाला जब देश विश्व कप जइसन खिताब जीतेला। 17 साल के लममगर अंतराल के बाद दूसरका बेर टी20 विश्व कप में भारत जीत हासिल कइले बा। पूरा देश एह जीत से झूम उठल बा। उहे एह जीत पs भोजपुरी सिंगर नेहा सिंह राठौर आपत्ति जतवले बाड़ी।

भारत 17 साल बाद टी20 विश्व कप जीतल बा। क्रिकेट प्रेमी से लेके पूरा देश एह जीत के जश्न में डूबल बा। शनिचर के फाइनल मैच में भारत दक्षिण अफ्रीका के हराकर ई ट्रॉफी अपना नांवे कइले बा। जहां एह जीत के खुशी देशभर के लोग मना रहल बाड़े ओहिजा भोजपुरी सिंगर नेहा सिंह राठौर के ई रास नइखे आवत। एह जीत पs खुशियां मनावत लोग नेहा सिंह राठौर के पसंद नइखे आ रहल बा। अपना सोशल मीडिया पोस्ट एक्स पs सिंगर क्रिकेट प्रेमी के जमके लताड़ लगवले बाड़ी।

अपना सोशल मीडिया एक्स पs नेहा सिंह राठौर क्रिकेटप्रेमी से लेके BCCI तक के जमकर लतड़ले बाड़ी। उऽ अपना पोस्ट में लिखली, “क्रिकेट के ओवरडोज  युवा सन के बुद्धि खराब कर देले बा…उऽ आगे कहली, शाह के लइका के एहींग सचिव नइखे बनावल गइल। ग्लैडिएटर फिल्म देखले बाड़ऽ? जबो बड़ घोटाला करे के होत एह, रोम में बड़-बड़ खेलन के आयोजन कइल जात रहे। जनता अपना बर्बादी आ दुख भूला के खेल में डूबल रहत रहे आ एने खेला हो जात रहे। देशो के उहे हाल कऽ दिहल गइल बा.…।”

https://x.com/nehafolksinger/status/1807281844590657614?t=v89OGIQx051FVNj197aOXw&s=19

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-