NEET UG 2024 के काउंसलिंग आज से शुरू, जानीं कवन-कवन लागी डाक्यूमेंट्स

Share

 

मेडिकल काउंसलिंग कमेटी (एमसीसी) आजु १४ अगस्त २०२४ से नीट यूजी काउंसलिंग २०२४ खातिर रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया शुरू कs दिहले बिया. नीट स्नातक मेडिकल एंट्री परीक्षा में क्लियर करे वाला उम्मीदवार आजु से एमबीबीएस, बीडीएस, बीएससी (नर्सिंग) कोर्स खातिर काउंसलिंग प्रक्रिया खातिर रजिस्ट्रेशन करा सकेलें.

आधिकारिक कार्यक्रम के मुताबिक पहिला दौर के रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया आज 14 अगस्त से शुरू भईल बा अवुरी 21 अगस्त 2024 ले चलत रही। जबकि, च्वॉइस फिलिंग अवुरी लॉकिंग के सुविधा 16 अगस्त से खुली अवुरी 20 अगस्त 2024 तक जारी रही। सीट आवंटन के प्रक्रिया 21 अगस्त से 22 अगस्त 2024 ले होई।

दूसरा राउंड कब होई

जबकि दूसरा राउंड खातिर रजिस्ट्रेशन 4-5 सितंबर 2024 ले होई। सीट आवंटन आ सत्यापन के प्रक्रिया 11-12 सितंबर 2024 से चलावल जाई. सीट आवंटित उम्मीदवारन से 14-20 सितंबर 2024 ले रिपोर्ट/ज्वाइन करे के कहल जाई.

710 मेडिकल कॉलेज खातिर काउंसलिंग

रउरा सभे के बता दीं कि आजु देश भर के करीब 710 मेडिकल कॉलेजन में करीब डेढ़ लाख एमबीबीएस सीट पs काउंसलिंग करावल जाई. आयुष अवुरी नर्सिंग सीट के अलावे 21 हजार बीडीएस सीट खातीर काउंसलिंग भी होई। एमसीसी अखिल भारतीय कोटा के 15 फीसदी सीट आ सगरी एम्स, जेआईपीएमईआर पांडिचेरी के 100 फीसदी सीट, सगरी केंद्रीय विश्वविद्यालयन के सीट आ डीम्ड विश्वविद्यालयन के 100 फीसदी सीट पs काउंसलिंग करी.

ध्यान देवे वाला बात बा कि विवाद से घेरल नीट यूजी मेडिकल एंट्रेंस के अंतिम रिजल्ट 26 जुलाई के जारी हो गईल बा।

एह दस्तावेजन के जरूर पड़ी 

आज रजिस्ट्रेशन करावे वाला उम्मीदवार नीचे दिहल जरूरी दस्तावेज के सूची देख सकतारे

कक्षा 10 के मार्कशीट।

कक्षा 12 के मार्कशीट।

NEET 2024 के एडमिट कार्ड।

NEET 2024 के स्कोरकार्ड।

कैटेगरी के सर्टिफिकेट (यदि लागू होखे)।

स्थानीय/स्थायी निवासी प्रमाण पत्र।

आईडी कार्ड जेमें राउर फोटो दिखाई देत होखे।

पासपोर्ट आकार के हालिया फोटो।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-