Neeraj Chopra: नीरज भाला फेंक में दुनिया के सर्वश्रेष्ठ पुरुष एथलीट, पाकिस्तान के नदीम रहलें एह स्थान पs

भाला फेंक

Share

पेरिस ओलंपिक के रजत पदक विजेता भारतीय खिलाड़ी नीरज चोपड़ा के विश्व स्तर पर प्रसिद्ध अमेरिकी पत्रिका ‘ट्रैक एंड फील्ड न्यूज’ 2024 में भाला फेंक में दुनिया के सर्वश्रेष्ठ पुरुष एथलीट करार देले बा। पिछलका साल ओलंपिक खेलन में पाकिस्तान के अरशद नदीम के बाद दूसरका स्थान पs रहे वाला 27 साल के चोपड़ा कैलिफोर्निया इस्थित पत्रिका के 2024 के रैंकिंग में शीर्ष स्थान हासिल कइले बा।

नीरज एंडरसन पीटर्स के पीछे छोड़लें

ऊ ग्रेनेडा के दु बेर के विश्व चैंपियन एंडरसन पीटर्स के पीछे छोड़लें। नदीम एह सूची में पांचवां स्थान पs बा काहेकि ऊ ओलंपिक के अलावे खाली एगो आउर प्रतियोगिता पेरिस डायमंड लीग में हिस्सा लेले रहलें, जवना में ऊ चउथा स्थान पs रहल रहलें। पेरिस ओलंपिक में ऊ 92.97 मीटर भाला फेंकके स्वर्ण पदक जीतले रहस, जबकि चोपड़ा 89.45 मीटर के संगे रजत पदक हासिल कइले रहस।

भारत इस साल भालाफेंक में शीर्ष प्रतियोगिता की मेजबानी करेगा

भारत संभवत: एह साल सितंबर में भाला फेंक के शीर्ष प्रतियोगिता के मेजबानी करी। जेमे नीरज सहित कइयन स्टार खिलाड़ी भाग ली लो। ई आयोजन ओह कइयन गो प्रतियोगितन के अतिरिक्त बा जवन के मेजबानी खातिर भारत अपना रुचि व्यक्त कइले बा। एमे 2029 में होखे वाला विश्व चैंपियनशिप सामिल बा। भारत 2029 विश्व चैंपियनशिप आ 2027 में होखे वाली विश्व रिले प्रतियोगिता के मेजबानी खातिर रुचि व्यक्त कइले बा। एएफआई पिछला साल नवंबर में विश्व एथलेटिक्स के अध्यक्ष सेबेस्टियन के भारत यात्रा के दौरान पहिलही 2028 विश्व जूनियर चैंपियनशिप के मेजबानी खातिर अपना रुचि व्यक्त कs चुकल बा।

दुनिया के चोटी के 10 खिलाड़ी भाग ले सकत बा लो

शीर्ष प्रतियोगितन में दुनिया के चोटी के 10 खिलाड़ी भाग ले सकत बा लो। नीरज हाले में अपना करिअर में एक रोमांचक नया अध्याय के सुरुआत कइलें बाड़ें। नीरज महान भाला फेंक एथलीट यान जेलेज्नी के आपन नया कोच बनवलें। तीन बार के ओलंपिक आ विश्व चैंपियन आउर मवजूदा विश्व रिकॉर्ड धारक जेलेज्नी लमहर समय से चोपड़ा के आदर्श रहल बाड़ें।

जेलेज्नी के मार्गदर्शन में नीरज अच्छा करे के कोसिस करिहें

जेलेज्नी के मार्गदर्शन में नीरज अपना कामयाबी के एगो अलग स्तर पs ले जाये के कोसिस करिहें। 1992, 1996 आ 2000 के ओलंपिक खेलन में स्वर्ण पदक विजेता जेलेज्नी के नावे अभी ले शीर्ष दस सर्वश्रेष्ठ थ्रो में से पांच थ्रो बा। 1996 में जर्मनी में 98.48 मीटर के थ्रो के संगे ऊ विश्व रिकॉर्ड कायम कइले रहस। ऊ चार मवकन पs विश्व रिकॉर्ड तुड़ले रहस। जेलेज्नी एकरा पहिले जाकुब वादलेच आ वितेजस्लाव वेस्ली के कोच रह चुकल बाड़ें। ऊ दु बेर के ओलंपिक चैंपियन आ तीन बेर के विश्व चैंपियन बारबोरा स्पातोकोवा के कोचिंग दे चुकल बाड़ें।

Read Also: मिल्कीपुर उपचुनाव: बसपा कइलस चुनाव ना लड़े के घोषणा, दूरी बनावे के बतवलस वजह; अब सपा आ भाजपा में सीधा टक्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-