मांसपेशियन के खिचाव से उबरला के बाद नीरज चोपड़ा एक बेर फेर हाथ में भाला उठाके कीर्तिमान रचले बाड़ें। ऊ प्रतिष्ठित डायमंड लीग श्रृंखला के लुसान चरण में पुरुषन के भाला फेंक प्रतियोगिता के खिताब जीत लेलें। नीरज 87.66 मीटर थ्रो संगे शीर्ष स्थान हासिल कइलें। ओहिजा, जर्मनी के जूलियन वीबर 87.03 मीटर के संगे दूसरका स्थान पs रहलें। तीसरका स्थान पs 86.13 मीटर थ्रो के संगे चेक गणराज्य के याकूब वादलेज्चे रहलें। बता दीं कि भारतीय जेवलिन स्टार नीरज के ई एह साल के दूसका गोल्ड हs। ऊ दोहा डायमंड लीग में गोल्ड मेडलिस्ट रहस।
फाउल के संगे कइलें सुरुआत
नीरज चोपड़ा पहिलका राउंड में फाउल के संगे सुरुआत कइलें। ओहिजा, जर्मनी के जूलियन वेबर 86.20 मीटर थ्रो के संगे बढ़त बनवलें। पहिला दौर के अंत में, नीरज शीर्ष तीन एथलीट तक में ना रहलें। एकरा बाद दुसरका प्रयास में, नीरज 83.52 मीटर के थ्रो कइलें। हालाँकि, दूसरका राउंड के अंत में जूलियन बढ़त में रहस। बावजूद एकरा नीरज के रैंकिंग में सुधार भइल आ ऊ तीसरा नंबर पs पहुंच गइलें। तीसरका प्रयास में नीरज 85.02 मीटर के स्कोर कइलें। एह थ्रो के संगे ऊ दूसरका नंबर पs पहुंच गइलें। हालांकि जूलियन तबो 86.20 मीटर थ्रो के संगे बढ़त बना के रखले रहस। अइसन में चउथा प्रयास में नीरज फाउल कs बइठेलें। पांचवां प्रयास में नीरज के ‘गोल्डन आर्म’ आपन जादू चलइलें आउर 87.66 मीटर के थ्रो हासिल कइलें। एकरा संगही ऊ पहिला स्थान पs पहुंच गइलें। छठा आउर अंतिम प्रयास में, निरज 84.15 मीटर के थ्रो हासिल कइलें।
साल के दूसरका गोल्ड
बता दीं कि भारतीय जेवलिन स्टार नीरज के एह साल के ई दुसरका गोल्ड बावे। उ दोहा डायमंड लीग में गोल्ड मेडलिस्ट रहस। ओहिजा, नीरज के ई 8वां इंटरनेशनल गोल्ड हs। एकरा पहिले ऊ एशियन गेम्स, साउथ एशियन गेम्स, ओलिंपिक गेम्स आउर डायमंड लीग जइसन टूर्नामेंट में सोना जीतले रहस ।
एक महीना बाद उतरलें नीरज
25 बरिस के नीरज पांच मई के दोहा डायमंड लीग में 88.67 मीटर भाला फेंकके स्वर्ण जीतले रहस। ओकरा बाद उनका मांसपेशियन में खिंचाव आ गइल, जेकरा चलते ऊ चार जून के भइल फैनी ब्लैंकर्स कोएन गेम्स आ 13 जून के भइल पावो नूरमी गेम्स से नाम वापस लेवे के पड़ल। 29 मई के ऊ बयान जारी कs के एकर जानकारी देले रहस। ओकरा पूरा एक महीना बाद उ फिर कंपटीशन में उतरल रहस। हालांकि एह दौरान ऊ कवनो डायमंड लीग में खेले के मवका गववलें।लीग के रबत, रोम, पेरिस आ ओस्लो चरण में जेवेलिन थ्रो सामिल नइखे।
लीग में शीर्ष पर चलत बाड़ें नीरज
नीरज के लुसान में कड़ा टक्कर मिलल। उनका सामने टोक्यो ओलंपिक के रजत पदक विजेता चेक रिपब्लिक के याकूब वादलेज्चे (सर्वश्रेष्ठ 90.88, सत्र के श्रेष्ठ 89.51 मीटर), विश्व चैंपियन ग्रेनाडा के एंडर्सन पीटर्स (सर्वश्रेष्ठ 93.07, सत्र के श्रेष्ठ 85.88 मीटर), फिनलैंड के ओलिवर हालेंडर (सर्वश्रेष्ठ 89.83, सत्र के श्रेष्ठ 87.32 मीटर), लंदन ओलंपिक विजेता त्रिनिदाद आ टोबेगो के केशर्न वॉल्काट (सर्वश्रेष्ठ 90.16, सत्र के श्रेष्ठ 85.85 मीटर) यूरोपियन चैंपियन जर्मनी के जूलियन वीबर (सर्वश्रेष्ठ 89.54, सत्र के श्रेष्ठ 88.37 मीटर) रहल लो।
बीतल साल डायमंड लीग विजेता बने वाला नीरज अपना खिताब के रक्षा खातिर आठ अंकन के संगे लीग में शीर्ष पs चल बाड़ें , वादलेज्चे के सात आ पीटर्स के छव अंक बा। लुसान के बाद मोनाको (21 जुलाई) आ ज्यूरिख (31 अगस्त) में लीग होई, जहां जेवेलिन थ्रो सामिल बा। लीग के फाइनल यूजीन (अमेरिका) में 16, 17 सितंबर के होई।
नीरज वर्ल्ड चैंपियनशिप के खातिर क्वालिफाई कs चुकल बाड़ें
नीरज हंगरी के बुडापेस्ट में आयोजित होवे वाला वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप 2023 में हिस्सा लिहें। ई चैंपियनशिप 19 से 27 अगस्त तक होई। नीरज 2022 यूजीन में भइल पिछिला सीजन में रजत पदक जीतल रहलें । भारतीय टीम एह चैंपियनशिप के इतिहास में खाली दु पदक जीत सकल बिया ,ओमे एगो नीरज के नाम बावे। नीरज से पहिले 2003 में अंजू बॉबी जॉर्ज महिला लोगन के लॉन्ग जम्प प्रतियोगिता में भारत खातिर पहिला मेडल जीतके इतिहास रचले रहली। ऊ कांस्य पदक जीतले रहली।
मुरली श्रीशंकर पदक ना जीत सकलें
नीरज के अलावे एगो आउर भारतीय लॉन्ग जंपर मुरली श्रीशंकर डायमंड लीग में हिस्सा लिहलें । ऊ सुरुआत के 5 कोसिसन में 7.75, 7.63, 7.88, 7.59 आ 7.66 मीटर के छलांग लगइलें। हालांकि, ऊ कवनो पदक ना जीत सकलें । मुरली पांचवां स्थान पs रहेलें।