मच्छर से होखेवाला दोसर बेमारी कम हो रहल बा तबो डेंगू के खतरा तेजी से बढ़ रहल बा। जइसे-जइसे गरमी के मौसम नजदीक आवत जाला, अस्पतालन में डेंगू के मरीजन के संख्या बढ़े लागेला। डब्ल्यूएचओ के मुताबिक, आधा से जादा दुनिया में डेंगू के खतरा बा। डेंगू वायरल संक्रमण हो सकेला, बाकिर तेजी से घटत प्लेटलेट एकरा के गंभीर बना देला। डेंगू के इलाज समय पs ना भईल तs मउत तक हो सकता। एह से राष्ट्रीय डेंगू दिवस हर साल 16 मई के मनावल जाला। डेंगू रोग के लक्षण अवुरी एकरा से बचाव के तरीका के बारे में लोग के जागरूक कईल जाला।जवना
डेंगू के आम लक्षन
विश्व स्वास्थ्य संगठन के मुताबिक, अधिकांश लोग के डेंगू होखला पs हल्का लक्षण होखेला अवुरी डेंगू 1-2 सप्ताह के भीतर ठीक हो जाला। हालांकि, कबो-कबो जदी मरीज के सही इलाज ना होखे तs तेजी से घटत प्लेटलेट जानलेवा साबित हो जाला। मच्छर के कटला के करीब 3-4 दिन बाद शरीर में डेंगू के लक्षण देखाई देवे लागेला।
•तेज बोखार होखे लागेला
•माथा में गंभीर दर्द होखेला
•आँख के पीछे दर्द होखेला
• मांसपेशी आ हड्डी में दर्द होखे के चाहीं
•उल्टी आ मतली होखे लागेला
•हाथ में सूजन होखे लागल
•शरीर पs दाना निकलल
दूसरा बेर संक्रमित होखे वाला लोग में गंभीर डेंगू के खतरा जादा होखेला। डेंगू के गंभीर लक्षण अक्सर बोखार कम होखला के बाद आवेला। जवना में इs लक्षण शरीर में देखाई देवेला।
डेंगू के गंभीर लक्षन
•गंभीर पेट दरद
•लगातार उल्टी होखल
•तेज से सांस लिहल
•मसूडा आ नाक से खून आइल
•थकान आ बेचैनी
•उल्टी आ मल में खून आइल
•बहुत प्यास लागल
डेंगू से बचे खातिर का करे के बा?
•अगर रउरा अपना आ अपना परिवार के डेंगू के खतरा से बचावल चाहत बानी तs मच्छर से विशेष सुरक्षा करीं. नीचे बतावल बात के भी ध्यान में राखीं।
•खासकर पार्क भा बाहर जाए के समय फुल कवरिंग कपड़ा पहिनीं.
•अगर रउरा दिन में सुती तs खाली मच्छरदानी में सूती.
•घर के दरवाजा खिड़की पs जाली रखी.
•मच्छर से बचावे खातिर कुछ क्रीम भा स्प्रे भा पेस्ट लगाईं।
•अंडा देवे वाला जगह अवुरी पानी देवे वाला जगह पs मच्छर के पहुंचे से रोके के चाही.
•घर के आसपास गंदगी अवुरी कूड़ा जमा होखे से बचे के चाही.
•भरपूर पानी पीयत रहीं अवुरी लक्षण देखाई देवे प डॉक्टर से सलाह लीही.









