लउकी के जूस में शहद मिला के पीयले से डेंगू-चिकनगुनिया में होई फायदा, प्लेटलेट्स बढ़ावे के खातीर करीं ई उपाय

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2024

    मच्छर के कटले से डेंगू, मलेरिया, चिकनगुनिया ज‌इसन खतरनाक बुखार होला । जेकर वक्त पs इलाज ना होई तs जानो जा सकेला । WHO के रिपोर्ट कहेला कि डेंगू हैमरेजिक फीवर आ डेंगू

Share

 

 

मच्छर के कटले से डेंगू, मलेरिया, चिकनगुनिया ज‌इसन खतरनाक बुखार होला । जेकर वक्त पs इलाज ना होई तs जानो जा सकेला । WHO के रिपोर्ट कहेला कि डेंगू हैमरेजिक फीवर आ डेंगू शॉक सिंड्रोम होखे पs 44% मरीजन के मउत हो जाला।अब एक बेर फेरु डेंगू के मामिला बढ़े लागल बा । अकेले दिल्ली में एs साल 6 गुना ढेर केस मिलल बा बाकिर खतरा खाली राजधानी में  नाहीं बल्कि यूपी, बिहार, राजस्थान, हरियाणा, पंजाब हर शहर के लोगन के हs। अइसन में मच्छर के डंक आपके खातिर जानलेवा ना बने एकरे खातिर कुछ खास सावधानी बरतीं। डेंगू मलेरिया में के खाए के चाहि आ कवन चीज ख‌इले से प्लेटलेट्स बढ़ेला.

डेंगू के मरीज के शरीर में जब प्लेटलेट्स के कम होखे लागेला तs स्थिति खतरनाक होखे लागेला।अइसना लो BP आ दिमाग पs असर होला।अइसन स्थिति में पीड़ित व्यक्ति ब्रेन डेड हो सकेला ।

डेंगू में प्लेटलेट्स बढ़ावे के खातिर आज़माईं

प्लेटलेट्स बढ़‌वले के खातिर लउकी के जूस में शहद मिलाके पीएले से फायदा होला हs। आप नाश्ता में अनार आ अंजीर खा सकेनी हs। एकरे अलावा व्हीटग्रास जूस, एलोवेरा जूस, गिलोय के जूस, पपीता के पत्त के जूस, कीवी आ कद्दू के बीज ख‌इले से प्लेटलेट्स बढ़ले ।

डेंगू में कारगर उपाय

डेंगू होखे पs पीड़ित के खूब पानी पिए के चाहि। आप रोज एक-दु नारियल पानी पीए के चाहिं। तुलसी के पत्ता उबाल के पानी पीए के चांहि। पपीता के पत्ता के रस बना के पीए से फायदा मिलीं।

मच्छर क‌इसे भगाईं, करीं ई नेचुरल उपाय

•नीलगिरी-नीम के तेल मिला के लगाईं

•कमरा में कपूर जलाईं

•घर में लोहबान जलाईं

कपार दरद से क‌इसे बचीं

•शरीर में गैस नाहीं बने देंईं

•एसिडिटी कंट्रोल करीं

•व्हीटग्रास एलोवेरा लेंईं

•बॉडी में कफ के बैलेंस करीं

•अनुलोम-विलोम करीं

•10 ग्राम नारियल तेल

•02 ग्राम लौंग के तेल

•नारियल-लौंग के तेल मिलाईं

बुखार कम करे के खातिर का करीं

•बुखार उतारे के खातिर गिलोय के रस पीं

•वॉमिटिंग के खातिर अनार के जूस देंईं

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.