अभिनेत्री नरगिस फाखरी के बहिन न्यूयॉर्क में भइली गिरफ्तार, Ex बॉयफ्रेंड के हत्या के आरोप

अभिनेत्री नरगिस फाखरी के बहिन न्यूयॉर्क में गिरफ्तार भइली

Share

रणबीर कपूर अभिनीत फिल्म ‘रॉकस्टार’ फेम नरगिस फाखरी के बहिन के न्यूयार्क में गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. न्यूयार्क के क्वींस में भइल दोहरा हत्या के मामिला में नरगिस के बहिन आलिया फाखरी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. 43 साल के आलिया पs दु मंजिला गैराज में आग लगावे के आरोप बा, जवना में उनुकर पूर्व प्रेमी 35 साल के एडवर्ड जैकब्स अवुरी उनुकर नयकी प्रेमिका 33 साल के अनास्तासिया के मउत हो गईल। इs घटना सभके हैरान कs देले बा।

कथित क्राइम डिटेल

खबर के मुताबिक, आलिया फाखरी गैराज में आग लगा देली, जवना से एडवर्ड अवुरी अनास्तासिया भीतर फंस गइली अवुरी उनुकर मउत हो गईल। धुँआ में साँस लेबे आ थर्मल चोट के चलते उनुकर मउत भइल जवना के जिला अटॉर्नी मेलिंडा काट्ज़ ने “दुर्भावनापूर्ण” काम बतवली. एकरा बाद आलिया के गिरफ्तार कs के क्वींस क्रिमिनल कोर्ट में पेश कईल गईल, जहां उनुका के जमानत ना मिलल.

पारिवारिक प्रतिक्रिया

2011 में रॉकस्टार के संगे प्रसिद्धि हासिल करे वाली नरगिस फाखरी अबे ले एs घटना पs सार्वजनिक तौर पs कवनो टिप्पणी नईखी कईले, बाकिर उनुकर महतारी आलिया के बचाव करत कहली कि, “हमरा नईखे लागत उs केहु के हत्या करीहे। उs इंसान हई. जे सबके देखभाल करत रहेली, उs सभके मदद करे के कोशिश करेली।” नरगिस के महतारी आगे खुलासा कईली कि आलिया ओपिओइड के लत से जूझत रहली, जवना के चलते शायद घटना भईल होई।”

इहो पढ़ीं: हिंदी सिनेमा के रोमांटिक एक्टर जेकरा के ‘फॉरएवर रोमांटिक’आ बॉलीवुड के पहिला फैशन आइकन मानल जात रहे

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-