हरियाणा भाजपा अध्यक्ष बनले नायब सिंह सैनी, ओपी धनखड़ के मिलल नया जिम्मेदारी

Share

 

हरियाणा में आवे वाला चुनाव से पहिले भाजपा के हाईकमान एगो बड़ फैसला लेले बाड़े।भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जगत प्रकाश नड्डा हरियाणा भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष के पद पs बड़ फेरबदल कईले बाड़े, एगो बड़ फैसला लेत भाजपा के हाईकमान ओपी धनखड के हटा दिहल गइल, उल्टा सांसद नायब सिंह सैनी के हरियाणा भाजपा के नयका अध्यक्ष बनावल गईल बा। नायब सिंह कुरुक्षेत्र से सांसद बाड़े, जबकि ओम प्रकाश धनखड़ के पार्टी के राष्ट्रीय सचिव के रूप में नया जिम्मेदारी मिल गईल बा।

ट्विटर पs इ जानकारी देत ​​हरियाणा भाजपा ट्वीट कईले बिया कि “सांसद श्री @NayabSainiBJP के राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री जगत प्रकाश नड्डा जी के ओर से हरियाणा के प्रदेश अध्यक्ष नियुक्त होखे पs बहुत बहुत बधाई।”

“श्री @OPDhankar जी के राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री @JPNadda जी के द्वारा भाजपा के राष्ट्रीय मंत्री नियुक्त होखे पs बहुत बहुत बधाई।”

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-