Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mudra Yojana: सरकार आठ सालन में बटलस 23 लाख करोड़ रुपिया से जादे के लोन, रउआ कइसे उठा सकत बानी फायदा

वित्त मंत्रालय के ओर से जारी कइल गइल बयान के मोताबिक, पीएमएमवाई के तहत लोन बैंकन, वित्तीय संस्थन जइसे एनबीएफसी आ माइक्रोफाइनेंस इंस्टीट्यूट के माध्यम से दिहल जा रहल बा। 

754
Google Ads 300*250 for posts

बैंक आ वित्तीय संस्थानन के ओर से प्रधानमंत्री मुद्रा योजना (Pradhan Mantri MUDRA Yojana (PMMY)) के तहत पिछिला आठ सालन में 40.82 करोड़ लाभार्थियन के 23.2 लाख करोड़ के लोन बांटल जा चुकल बा। ई जानकरी सरकार के ओर से योजना सुरू होखला के आठ साल पूरा होखे पs दिहल गइल।

प्रधानमंत्री मुद्रा योजना के केंद्र सरकार द्वारा 8 अप्रिल, 2015 के लॉन्च कइल गइल रहे। एमे सरकार के ओर से बिना कुछ गिरवी रखले व्यापार सुरू करे के उद्देश्य से छोट व्यापारियन आ नॉन- कॉरपोरेट के 10 लाख रुपिया तक के लोन दिहल जाला।

वित्त मंत्रालय के ओर से जारी कइल गइल बयान के मोताबिक, पीएमएमवाई के तहत लोन बैंकन, वित्तीय संस्थन जइसे एनबीएफसी आ माइक्रोफाइनेंस इंस्टीट्यूट के माध्यम से दिहल जा रहल बा।

68 प्रतिशत लोन महिला लोगन के

पीएमएमवाई में करीब 68 प्रतिशत लोन महिला उद्यमियन के दिहल गइल बा आ योजना के तहत आवे वाला 51 प्रतिशत खाता एससी/एसटी आ ओबीसी वर्ग के उद्यमियन के बा।

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के ओर से एह दौरान कहल गइल कि पिछला आठ सालन में प्रधानमंत्री मुद्रा योजना के तहत 40.82 करोड़ लाभार्थियन के 23.2 लाख करोड़ रुपिया के लोन बांटल जा चुकल बा। ई दर्शावत बा कि देस के नया उद्यमियन के लोन के आसान उपलब्धता से इनोवेशन आ प्रति व्यक्ति आय में निरंतर बढ़न्ती भइल बा।

आगे ऊ कहली कि एमएसएमई के ‘मेक इन इंडिया’ में बड़ जोगदान बा। एकरा विकास के कारण देश में घरेलू खपत के संगे-संगे निर्यात खातिर प्रोडक्शन बढ़ल बा। एमएसएमई के पीएमएमवाई स्कीम से बहुते सहारा मिलल बा।

कइसे ले सकत बानी लोन

प्रधानमंत्री मुद्रा योजना छोट बेवसायन के प्रोत्साहित करे खातिर सुरू कइल गइल रहे। एकरा तहत बैंक तीन श्रेणियन – शिशु (50,000 रुपिया तक), किशोर (50,000 रुपिया से 5 लाख रुपिया के बीच) आ तरुण (10 लाख रुपिया) लोन प्रदान करत बा। कुल बांटल गइल लोन में शिशु के 83 प्रतिशत, किशोर के 15 प्रतिशत आ बाकी 2 प्रतिशत तरुण बा। एह योजना के लाभ उठावे खातिर रउआ अपना नजदीकी बैंक में आवेदन कs सकत बानी।

508070cookie-checkMudra Yojana: सरकार आठ सालन में बटलस 23 लाख करोड़ रुपिया से जादे के लोन, रउआ कइसे उठा सकत बानी फायदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.