यूपी में मदरसन सर्वे पूरा: करीब आठ हजार गैर मान्यता प्राप्त मिललें मुरादाबाद में सबसे बेसी

Share

उत्तर प्रदेश में मदरसन के लेकर चल रहल सर्वे पूरा हो गइल। पूरा प्रदेश में करीब आठ हजार मदरसा गैर मान्यता प्राप्त मिलल बानें। हालांकि एह बाबत 15 नवंबर तक सब डीएम अपने-अपने जिला के रिपोर्ट शासन के भेजिहें।

प्रदेश में गैर मान्यता प्राप्त मदरसन के सर्वे दस सितंबर से शुरू भइल रहने। सोमार तक टीम सर्वे पूरा कर अपने रिपोर्ट जिलाधिकारियन प्रेषित कs देहले बानें। सबसे ज्यादा गैर मान्यता प्राप्त मदरसा मुरादाबाद में मिलल बा।

दूसरे नंबर पर बिजनौर अउर तीसरे स्थान पर बस्ती बा। रजिस्ट्रार मदरसा बोर्ड जगमोहन सिंह के मुताबिक करीब आठ हजार गैर मान्यता प्राप्त मदरसा के मिलने के बात कहल जा रहल बा, लेकिन जिलाधिकारियन के रिपोर्ट अइले के बाद ही सही स्थिति पता चल सकी। शासन स्तर पर बनल विशेष सचिव अल्पसंख्यक, निदेशक अल्पसंख्यक अउर रजिस्ट्रार मदरसा बोर्ड के तीन सदस्यीय समिति पूरा सर्वे पर नजर रखलें।

सर्वे में एह खास बिंदुअन पर रहल फोकस

सर्वे में मुख्य रूप से ई पता कइल गइल कि मदरसन के आय के का स्रोत बा। सथही भवन, पानी, फर्नीचर, बिजली अउर शौचालय के का इंतजाम बा अउर कौन संस्था संचालित करेले? एकरे अलावा मान्यता के स्थिति, छात्र संख्या अउर उनकी सुरक्षा के इंतजाम, पाठ्यक्रम अउर पढ़ावे वाले शिक्षकन के संख्या जइसन विभिन्न बिंदुअन के पड़ताल कइल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-