Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

204
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: पटना में महंगा हो गइल ऑटो के सफर, अब न्युनतम किराया 7 रुपिया के जगे भइल 10 रुपिया।
  2. बिहार: भभुआ में पांच बोतल शराब के संगे धंधेबाज गिरफ्तार, जहानाबाद में मरीज के मौत के लेके बवाल।
  3. उत्तर प्रदेश: श्रृंगार गौरी-ज्ञानवापी ममिला सुने जोग बा कि ना, आज होई बहस, तीन मांगन पs फास्ट ट्रैक कोर्ट में सुनवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: 1 आ 2 जून के होई कांग्रेस के संकल्प शिविर के आयोजन, प्रियंका गांधी रहिहे मवजूद।
  5. झारखंड: राज्यसभा चुनाव खातिर बीजेपी झारखंड से आदित्य साहू के टिकट देलस।
  6. आधार पs सरकार नाया एडवाइजरी वापस लेलस, कहलस- अपना समझ से शेयर करी नंबर।
  7. पंजाबी सिंगर सिद्धु मूसेवाला के हत्या, कनाडा में बइठल गैंगेस्टर गोल्डी लेलस जिम्मेदारी।
  8. राज्यसभा खातिर बीजेपी 18 आ कांग्रेस 10 उम्मीदवार घोषित कइलस।
  9. पीएम मोदी करोना के वजह से अनाथ भइल बच्चन के स्कॉलरशिप आ हेल्थ कार्ड दिहे।
  10. आईपीएल: गुजरात बनल चैंपियन, राजस्थान के हरा ट्रॉफी पs कइलस कब्जा।
262210cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.