- बिहार: रिपोर्ट, बिहार में रोजगार मांगे आलन में 73 प्रतिशत निरक्षर, 5.92 स्नातक पास कइले बा लो आवेदन।
- बिहार: किताब किने ला शिक्षा विभाग जारी कइलस 416 करोड़ रुपिया, लईकन के खाता में जाई पईसा।
- उत्तर प्रदेश: झांसी रेलवे स्टेशन के नाव फेर बदली, रानी लक्ष्मीबाई झांसी होई नाया नाव, रेल मंत्रालय स्तर पs कार्यवाही शुरु।
- उत्तर प्रदेश: 29334 शिक्षकन के भरती रोके के सुप्रीम कोर्ट सरकार से पूछलस कारण, नव साल में पूरा ना हो सकल भरती।
- झारखंड: IAS पुजा सिंघल केस: कइयन गो ब्यूरोक्रेट्स रडार पs, विशाल के ठिकानन से जब्त कागजात में मिलल लेन देन के अहम साक्ष्य।
- ज्ञानवापी मस्जिद परिसर हिन्दू लोग के सउपे के मांग आला नाया याचिका पs सुनवाई शुरू होई।
- पीएम मोदी के जापान दौरा खतम, क्वाड समिट से चीन के साफ सनेस।
- अमेरिकी स्कूल में बच्चन के कत्लेआम, 18 बच्चन समेत 21 के मौत; जो बाइडेन बोलले- एक्शन के वक्त।
- हर काम में 1% लेवे के आरोप में पंजाब के हेल्थ मिनिस्टर बर्खास्त।
- आईपीएल: गुजरात आईपीएल के फाइनल में, राजस्थान के 7 विकेट से हरवलस, डेविड मिलर लगातार 3 छक्का लगा के जीतवले।
Morning Updates: भोर के 10 गो बड़ खबर
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।