बिहार में सरकारी नौकरी के बाट जोहत रहे लइकन खातिर राहत भरल खुशखबर बा। बिहार के जिला अदालत में निचली श्रेणी के पद पर बंपर भर्ती निकलल बा। बिहार के जिला अदालत में क्लर्क, स्टेनो ग्राफर, रीडर अउरी चपरासी बनले के मौका मिल रहल बा। इहां रिक्त 7,692 पद पर भर्ती खातिर अधिसूचना भी जारी हो गइल बा।
कार्यालय संयोजक, केंद्रीकृत चयन अउर नियुक्ति समिति सह जिला अउरी सत्र न्यायाधीश, पटना के ओर से बिहार के अधीनस्थ न्यायालय / जिला न्यायालय में क्लास- III/यानी ग्रुप ‘सी’ के पदों पर भर्ती खातिर नवीनतम अधिसूचना जारी कइल गइल बा। बिहार सिविल कोर्ट ऑफिसर्स एंड सैफ (भर्ती, पदोन्नति, स्थानांतरण, अउर अन्य सेवा शर्त) नियम, 2022 के आलोक में योग्य उम्मीदवार वेबसाइट districts.ecourts.gov.in/patna से बिहार सिविल कोर्ट भर्ती 2022 खातिर ऑनलाइन आवेदन कs सकतने। आवेदन प्रक्रिया 20 सितंबर, 2022 से शुरू हो रहल बा।