Gorakhpur News: किराना दुकान पs बदमाशन के फायरिंग, बाल-बाल बचल दुकानदार

Gorakhpur News: किराना दुकान पs बदमाशन के फायरिंग, बाल-बाल बचल दुकानदार

Share


गोरखपुर : अज्ञात बाइक सवार बदमाश बुध के झंगहा इलाका के राजी जगदीशपुर कैलाश चौराहा के एगो किराना दुकान पs फायरिंग कs देलें सs। हालांकि, दुकानदार बाल-बाल बच गइल। फायरिंग के घटना से इलाका में सनसनी फइल गइल। पुलिस जांच के संगही आरोपितन के गिरफ्तारी खातिर तलाश में जुट गइल बिया।

बाइक पs आइल रहलें सs दुगो अज्ञात बदमाश

मिलल जानकारी के अनुसार, रात करीब आठ बजे के करीब पिंटू मौर्या (24) आपन दुकान पs बइठल रहे। तबे अचानक बिना नंबर प्लेट वाली करिया अपाचे बाइक पs सवार दुगो अज्ञात बदमाश दुकान के लगे आके पिस्तौल से फायरिंग सुरू कs देलें सs। हालांकि, गोली दुकान से दूर एगो खाली स्थान पs जा गिरल, जवना से कवनो ग्राहक भा दुकानदार के चोट ना आइल। फायरिंग के घटना के अंजाम देला के बाद बदमाश मवका से फरार हो गइलें सs। एकरा से समूचा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस

घटना के सूचना मिलतही झंगहा थाना प्रभारी निरीक्षक जयंत कुमार सिंह आ सीओ चौरीचौरा अनुराग सिंह घटनास्थल पs पहुंचल लो। पुलिस आसपास के दुकानदारन आ स्थानीय लोगन से पूछताछ कइलस, ताकि कवनो तरे के सुराग मिल सके। दुकानदार पिंटू मौर्या पुलिस के अज्ञात बदमाशन के खिलाफ तहरीर देले बाड़ें।

पुलिस आसपास लागल सीसीटीवी कैमरन के फुटेज के खंगारल सुरू कs देले बिया, ताकि बदमाशन के पहचान कइल जा सके। ऊ विश्वास जतवलें कि पुलिस जल्दिये आरोपियन के पकड़े में सफल होई। -सीओ, अनुराग सिंह

Read Also: अन्याय, अत्याचार आ भ्रष्टाचार के खिलाफ आवाज उठावे के बा जरूरत: अखिलेश कुमार योगी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-