Mirzapur Rail Accident : कालका मेल के चपेट में अइला से गंगा स्नान करे जा रहल छव यात्रियन के दर्दनाक मौत

**Alt Text (in English):** Six passengers died after being hit by the Kalka Mail train at Chunar station in Mirzapur, Uttar Pradesh; chaos spread at the station after the tragic accident.

Share

मिर्जापुर (उत्तर प्रदेश)। बुध के सबेरे उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला से दिल दहला देवे वाला खबर सामने आइल। चुनार रेलवे स्टेशन पs कालका मेल ट्रेन के चपेट में अइला से छह यात्रियन के मौके पs मौत हो गइल। हादसा एतना भीषण रहे कि शवन के टुकड़ा प्लेटफॉर्म पs बिखर गइल आ स्टेशन पs अफरा-तफरी मच गइल।

घटना सबेरे करीब 9:15 बजे के बतावल जा रहल बा, जब यात्री गोमो-प्रयागराज एक्सप्रेस से उतरके गलत दिशा से रेलवे लाइन पार करत रहे लोग। ओहि समय प्लेटफॉर्म नंबर तीन से कालका मेल तेजी से गुजरत रहे, जवना से छव लोग ओकरा चपेट में आ गइल।

प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार, हादसा के बाद चारो ओर चीख-पुकार मच गइल। स्थानीय लोग आ रेलवे कर्मी तुरंत मौका पs पहुंचल लोग आ पुलिस के सूचना दिहल। शवन के इस्थिति देखके उहां मौजूद लोगन के दिल दहल उठल।

सूत्रन के अनुसार, सब मृतक दक्षिणांचल क्षेत्र से गंगा स्नान करे खातिर आइल रहे लोग। हादसा के बाद स्टेशन पs ट्रेनन के आवाजाही कुछ देर खातिर बाधित रहल। रेलवे प्रशासन आ पुलिस के टीम मौका पs पहुंचके राहत आ बचाव कार्य में जुट गइल।

चुनार पुलिस शवन के कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर भेज देले बिया आ मृतकन के पहचान के प्रक्रिया जारी बा। ई दर्दनाक हादसा पूरा क्षेत्र के शोक में डुबा देले बा।

Read Also: Gorakhpur University : पत्रकारिता के छात्रन खातिर अभी तक ना बन सकल मीडिया लैब, दुखी हिंदी विभागाध्यक्ष आज रखिहें उपवास

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-