मीराबाई चानू के कॉमनवेल्थ गेम्स में गोल्ड मेडल पs कब्जा, भारत के तीसरा पदक मिलल

Anurag Ranjan

ओलम्पिक सिल्वर पदक विजेता मीराबाई चानू कॉमनवेल्थ गेम्स 2022 में भारत खातिर पहिला स्वर्ण(गोल्ड) पदक जीत लेले बाड़ी। महिला लोगन के 49 KG भार वर्ग के वेटलिफ्टिंग प्रतिस्पर्धा के स्नैच में 88 KG आ क्लीन एंड जर्क में पहिलके कोसिस में 109 KG के साथे स्वर्ण पदक पs कब्जा जमा लेली।

बता दीं कि स्नैच में मीराबाई चानू पहिला कोसिस में 84 KG, दूसरा कोसिस में 88 KG (पर्सनल बेस्ट के बराबरी),तीसरा कोसिस में 90 KG के असफल अटेम्प्ट के संगे 88 KG के आपन बेस्ट स्कोर के संगे बाकी खेलाडियन से 12 KG के बढ़त ले लेले रहली।

क्लीन एंड जर्क में पहिला कोसिस में 109 KG, दूसरा कोसिस में 113 KG आ तीसरा कोसिस में 115 KG के असफल अटेम्प्ट के संगे 113 KG के बेस्ट स्कोर के संगे स्नैच आ क्लीन एन्ड जर्क दुनु मिला के 30 KG के बढ़त के संगे स्वर्ण पदक जीत लेली। ऊ कुल 202 KG के वजन उठवली।

मॉरिसस के मैरी रनाइवोसोवा 172 KG के संगे चांदी आ कनाडा के हाना कामिंस्की 171 KG वजन उठा के कांस्य पदक जीतली।

आज वेटलिफ्टिंग में उनका से पहिले 55 KG पुरुष वर्ग में भारत के संकेत महादेव 248 किलो वजन उठा के सिल्वर मेडल आ गुरुराजा पुरुष वर्ग के 61 KG वर्ग में 269 KG वजन उठाके ब्रॉन्ज़ मेडल जीतले बा लो। कुल मिलाके ई भारत के तीसरा पदक हs।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।