सेंट्रल डेस्क : अयोध्या के मिल्कीपुर विधानसभा के उपचुनाव (Milkipur By-Election Result) अयोध्या के मिल्कीपुर में BJP के चंद्रभानु पासवान 61 हजार वोटन से जीतलें, सपा प्रत्याशी आपन बूथ तक हरेलें भारतीय जनता पार्टी के उम्मीदवार चंद्रभानु पासवान फैजाबाद के सांसद अवधेश प्रसाद के बेटा अजीत प्रसाद के 61 हजार के अधिक मतन से हरा देले बाड़ें। एह परिणाम के संगही मिल्कीपुर विधानसभा सीट पs बड़ उलटफेर हो गइल। 8 साल के अंतराल के बाद भाजपा के जीत मिलल बा।
सपा प्रत्याशी अपनही बूथ पs हार गइल बाड़ें। भाजपा कार्यालय में जश्न के माहौल बा। लड्डू बटल सुरू हो गइल बा। ढोल-नगाड़ा पs भाजपा कार्यकर्ता डांस कs रहल बा लो। अबीर-गुलाल उड़ा रहल बा लो। ओहिजा, सपा प्रत्याशी अजीत प्रसाद आ उनकर सांसद पिता अवधेश प्रसाद सबेरही से घर से नइखन निकलल। पूर्व भाजपा प्रवक्ता अवधेश पांडेय कहलें- अयोध्या में सपा राम के अपमान कइलें। जनता ओकर बदला लेलस। एह पs सांसद अवधेश प्रसाद पलटवार कइलें। कहलें- भाजपा बेईमानी के रिकॉर्ड तुड़ देलस। ओकर गुंडा बूथ कैप्चरिंग कइल लो।
ई झूठा जीत, जे अफसर घपलाबाजी कइल, ऊ सजा पाई- अखिलेश यादव
सपा अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव चुनाव परिणाम के लेके एक्स पs लिखलें “पीडीए के बढ़त शक्ति के सामना भाजपा वोट के बल पs नइखे कs सकत, एहिसे ऊ चुनावी तंत्र के दुरुपयोग कs के जीते के कोसिस करत बा।
अइसन चुनावी धांधली करे खातिर जवना स्तर पs अधिकारियन के हेराफेरी करे के होला, उ 1 विधानसभा में तs भलहीं कवना तरे संभव बा, बाकिर 403 विधानसभन में ई ‘चार सौ बीसी’ ना चली। एह बात के भाजपावाला जानत बा लो, एहिसे भाजपाई मिल्कीपुर के उपचुनाव टलले रहे लो। पीडीए मतलब 90% जनता खुद अपना आँखकन से ई धांधली देखले बिया।
ई झूठा जीत हs, जवना के जश्न भाजपाई कभियाे आईना में अपना आँखिन-में-आँख डालके ना मना पाई लो। ओह लोगन के अपराधबोध आ भविष्य में हार के डर ओह लोगन के नीन उड़ा दी।
जे-जे अधिकारी चुनावी घपलेबाजी के अपराध कइले बा लो ऊ आज ना तs काल्ह अपना लोकतांत्रिक-अपराध के सजा पाई लो। एक-एक कs के सबका सच सामने आई। ना कुदरत ओह लेागन के बख्शी, ना कानून। भाजपाई ओह लेागन के इस्तेमाल कs के छोड़ दी लो, ओह लोगन के ढाल ना बनी लो। जब ओह लोगन के नौकरी आ पेंशन जाई तब ऊ अपना लईकन, परिवार आ समाज के बीच अपमान के जिनगी के सजा अकेले भुगती लो।
लोकसभा चुनावन में अयोध्या में भइल पीडीए के सच्चा जीत, ओह लोगन के मिल्कीपुर के विधानसभा के झूठा जीत पs कइयन गुना भारी बा आ हमेसा रही।
एह कारण भइल उपचुनाव
मिल्कीपुर से अवधेश प्रसाद सपा विधायक रहस। 2024 लोकसभा चुनाव में सपा उनका के लोकसभा चुनाव लड़ववलस। ऊ अयोध्या (फैजाबाद) से सांसद बन गइलें। तब से ई सीट खाली रहे। मिल्कीपुर में उपचुनाव नवंबर में होखे के रहे, बाकिर भाजपा नेता गोरखनाथ अवधेश प्रसाद के खिलाफ हाईकोर्ट में याचिका दाखिल कs के रखले रहे। एमे उनकर नामांकन रद्द करे के मांग कइले रहे। हालांकि, बाद में बाबा याचिका वापस ले लेले रहस।
Read Also: breaking news: जंगपुरा से मनीष सिसोदिया 600 वोट से हरले, AAP के बहुते बड़हन झटका